[the_ad_group id="30365"]

Realme Narzo 100x 5G Launch : 8000mAh बैटरी वाला दमदार फोन 20 हजार से कम दाम में, जानीं फीचर

Realme Narzo 100x 5G Launched with 8000mAh Battery
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक डेस्क। रियलमी भारत में आपन नया बजट 5G स्मार्टफोन Realme Narzo 100x 5G लॉन्च कइले बा। ई फोन खासकर नवहा यूजर खातिर डिजाइन कइल गइल बा। एह स्मार्टफोन के सबसे बड़ खासियत 8000mAh के दमदार बैटरी, 45W फास्ट चार्जिंग आ AI फीचर्स बा। कंपनी एकरा के Amazon आ अपना आधिकारिक वेबसाइट पs बिक्री खातिर उपलब्ध कराई।

Realme Narzo 100x 5G के कीमत

रियलमी ई फोन तीन स्टोरेज वेरिएंट में पेश कइले बा।

  • 4GB RAM + 128GB – ₹20,999
  • 6GB RAM + 128GB – ₹22,999
  • 6GB RAM + 256GB – ₹24,999

फोन किनला पs ग्राहकन के ₹2,000 के इंस्टेंट बैंक डिस्काउंट आ ₹500 के कूपन डिस्काउंट मिली। पहिला सेल 22 जुलाई से Amazon आ Realme के वेबसाइट पs सुरू होई। ई फोन Flash Orange आ Midnight Black रंग में उपलब्ध बा।

8000mAh बैटरी आ 45W फास्ट चार्जिंग

Realme Narzo 100x 5G में 8000mAh के पावरफुल बैटरी दिहल गइल बा, जवना के संगे 45W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट मिली। कंपनी बैटरी पs 7 साल के वारंटियो भी दे रहल बिया, जवन एह फोन के खास बनाई।

डिस्प्ले आ प्रोसेसर

फोन में 6.8 इंच के HD+ LCD डिस्प्ले बा, जवन 144Hz रिफ्रेश रेट आ 1200 निट्स पीक ब्राइटनेस के सपोर्ट करेला। परफॉर्मेंस खातिर एमे MediaTek Dimensity 6300 प्रोसेसर लगावल गइल बा। फोन में 6GB RAM आ 256GB तक स्टोरेज के सुविधा बा, जवना के माइक्रोएसडी कार्ड से बढ़ावलो जा सकेला।

50MP कैमरा आ AI फीचर्स

फोटोग्राफी खातिर फोन में 50MP के प्राइमरी कैमरा आ एगो सेकेंडरी कैमरा दिहल गइल बा। सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर 8MP फ्रंट कैमरा मिली। एह स्मार्टफोन में AI Eraser 2.0, AI Ultra Clarity, AI Unblur आ AI Portrait Glow जइसन आधुनिक AI फीचर्स सामिल बा।

Android 16 आ IP65 रेटिंग

Realme Narzo 100x 5G, Android 16 आधारित Realme UI 7 पs चलेला। कंपनी दू साल तक सॉफ्टवेयर अपडेट आ तीन साल तक सिक्योरिटी अपडेट देवे के वादा कइले बा। संगही IP65 डस्ट आ वाटर रेजिस्टेंट रेटिंगो मिलेला, जवन फोन के रोजाना इस्तेमाल खातिर आउर मजबूत बनावेला।

जदि रउआ 20 हजार रुपिया के बजट में लमहर बैटरी बैकअप, बढ़िया कैमरा आ 5G स्मार्टफोन खोजत बानी, तs Realme Narzo 100x 5G एगो बढ़िया विकल्प साबित हो सकेला।

Read Also: 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]