[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार में बीजेपी के मिशन सुरू, नीतीश के अलग होखला के बाद पहिला बेर आ रहल बाड़े गृहमंत्री अमित शाह; 23-24 सितंबर के सीमांचल में रैली।
  2. बिहार: बिहार के 17 जिलन में बरखा के अलर्ट- पटना के गांधी घाट में खतरा से ऊपर गंगा; 5 जिलन में भारी बारिश के संभावना।
  3. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज के स्वरूपरानी असप्ताल में बवाल आ तोड़फोड़, जूनियर डॉक्टर आ लैब टेक्नीशियन के बीचे मारपीट, 2 गो डॉक्टर घायल।
  4. उत्तर प्रदेश: ट्विन टावर के ब्लास्ट के बेरा 5 गुना बढ़ल पॉल्युशन: अगरी-कगरी के सोसायटी के 50% लोग लवटल, 600 से बेसी वर्कर्स सफाई में जुटले।
  5. झारखंड: पेट्रोल से जरावल गइल अंकिता के मौत के बाद तनाव, आरोपी शाहरुख के फांसी देवे के मांग। दुमका में बाजार बंद, सड़क जाम, धारा 144 लागू।
  6. रिलायंस AGM में 5G सर्विस के एलान: दिवाली तक मेट्रो सिटीज में मिली जियो के 5G सुविधा, अनंत अंबानी के न्यू एनर्जी बिजनेस के जिम्मेदारी।
  7. न्यूड फोटोशूट ममिला में थाना में पेश भइलें रणवीर: सबेरे 6:50 बजे चैंबूर पुलिस स्टेशन पहुंचले, ढ़ाई घण्टा चलल पूछताछ में देले 10 सवालन के जबाब।
  8. गुलाम नबी आजाद कइलें मोदी के तारीफ: बोलले- हम उनका के कठोर समझत रहनी, बाकिर उनका में इंसानियत बा, चौकीदार चोर बा के नारा खाली राहुल गांधी के।
  9. दिल्ली असेंबली में AAP के विश्वासमत प्रस्ताव पेश: पूरा रात विधानसभा में धरना दिहीं लो आप विधायक; LG विनय कुमार सक्सेना के इस्तीफा के मांग।
  10. कॉमनवेल्थ मेडल विजेता रेसलर पूजा नांदल के पति के मौत: पिता बोलले- बर्थडे पार्टी में पहलवान रवि ड्रग देले, डॉक्टरन के बोर्ड कइलस पोस्टमार्टम।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]