[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार में भ्रष्ट ड्रग इंस्पेक्टर पs चलल निगरानी के डंडा, ड्रग इंस्पेक्टर जितेंद्र कुमार के  आय से बेसी संपत्ति ममिला में पटना आ गया में रेड।
  2. बिहार: महाराष्ट्र के सियासी घमासान के बीचे छलकल मुकेश सहनी के दरद, VIP के टूट के इयाद कs के बीजेपी पs बोलले हमला। चारों विधायकन के पार्टी में मिला लेले रहे भाजपा।
  3. उत्तर प्रदेश: लखनऊ, गोरखपुर आ अलीगढ़ समेत 18 बस अड्डन के आधुनिक बनावे के तइयारी में योगी सरकार। शासन से अनुमति मिलते कइल जाई निविदा आमंत्रित।
  4. उत्तर प्रदेश: विज्ञान भारती के अधिवेशन में सीएम योगी आदित्यनाथ बोलले- ज्ञान जहां से आवे, ओकरा खातिर आपन दृष्टि खुला राखीं, इहें भारत के नजरिया हs।
  5. झारखंड: राष्ट्रपति चुनाव 2022- द्रौपदी मुर्मू मंगली झामुमो से समर्थन, कइली हेमंत सोरेन से बात। कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी, एनसीपी प्रमुख शरद पवार आ टीएमसी प्रमुख ममता बनर्जी से कs चुकल बाड़ी नॉमिनेशन से पहिलही संपर्क।
  6. तीस्ता सीतलवाड़ ATS के हिरासत में: गुजरात दंगन के ममिला में साजिश रचे के आरोप, सुप्रीम कोर्ट जांच के बात कहले रहे।
  7. ठाकरे सरकार पs संकट: 28 जून ले गुवहाटी में रही लो बागी गुट के विधायक, केसरकर बोलले- महाराष्ट्र में गइला पs दंगन के डर।
  8. 2002 के गुजरात दंगन पs अमित शाह के इंटरव्यू: बोलले- मोदी भगवान शंकर के तरे 18-19 साल ले विषपान करत रहस, अब साँच सोना अस चमकत बा।
  9. स्पेन में घुसपैठ कs रहल 18 लोगन के मौत: मोरक्को छोड़े के हड़बङी में मचल भगदड़, 216 से जादे घायल।
  10. हरमनप्रीत तुरली मिताली राज के रिकॉर्ड: टी-20 अंतराष्ट्रीय में भारत कर टॉप महिला बल्लेबाज बनली, सीरीज पs टीम इंडिया के कब्जा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]