Skip to content

  • National
  • World
  • Politics
  • Sports
  • Business
  • Education
  • Crime
  • Entertainment
  • National
  • World
  • Politics
  • Sports
  • Business
  • Education
  • Crime
  • Entertainment

More

  • National
  • World
  • Politics
  • Sports
  • Business
  • Education
  • Crime
  • Entertainment
  • Lifestyle
  • Miscellaneous
  • Religion
  • Gadget
  • Technology
  • Tourism
  • Special Story
  • Short Stories
  • Video
  • Web Series
  • Social Planning
  • Stock Market
  • Story
  • Superstition
Choose City Video search Created with Sketch Beta. Search
  • National
  • World
  • Politics
  • Sports
  • Business
  • Education
  • Crime
  • Entertainment
Focus ►
  • Big News
  • Education
  • Horoscope
  • Cricket
  • Lifestyle
  • Cinema
  • Political Updates
  • Festival
  • Business
  • Mobile
  • Tourism
  • Photo Story
Home » आज से जी-20 के अध्यक्षता संभारी भारत, सालभर में 55 जगहन पs 200 बैठकन के होई आयोजन

आज से जी-20 के अध्यक्षता संभारी भारत, सालभर में 55 जगहन पs 200 बैठकन के होई आयोजन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 1, 2022

Views: 3

नई दिल्ली, एएनआइ। भारत बियफे से औपचारिक रूप से एक साल खातिर दुनिया के आर्थिक रूप से संपन्न देशन के समूह जी-20 के अध्यक्षता संभार जी। एह दौरान भारत के लगे अंतरराष्ट्रीय महत्व के मुद्दन

Share

Facebook Twitter WhatsApp LinkedIn Pinterest Reddit Threads Telegram Copy Link Print
Link copied to clipboard

नई दिल्ली, एएनआइ। भारत बियफे से औपचारिक रूप से एक साल खातिर दुनिया के आर्थिक रूप से संपन्न देशन के समूह जी-20 के अध्यक्षता संभार जी। एह दौरान भारत के लगे अंतरराष्ट्रीय महत्व के मुद्दन पs वैश्विक एजेंडा में जोगदान करे के अनूठा अवसर होई।

प्रधानमंत्री कार्यालय के ओर से जारी बयान के मोताबिक, अंतरराष्ट्रीय आर्थिक सहजोग खातिर जी-20 एगो प्रमुख मंच हs। जवन वैश्विक GDP के 85 प्रतिशत, दुनियाभर के कारोबार के 75 प्रतिशत से बेसी आ विश्व के दु-तिहाई आबादी के प्रतिनिधित्व करेला।

अगिला साल होई जी-20 के शिखर बैठक के आयोजन

जी-20 की अध्यक्षता के दौरान भारत देस के 55 जगहन पs 32 अलग-अलग सेक्टरन में लगभग 200 बैठकन के आयोजन करी। जी-20 के शिखर बैठक के आयोजन अगिला साल होई। जवन भारत के मेजबानी में सर्वोच्च स्तर के बैठकन में से एगो होई। जी-20 के पहिला बैठक दिसंबर के पहिला हफ्ता में उदयपुर में होई। मालूम होखे कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी नवंबर महीना के सुरुआत में भारत के अध्यक्षता में जी-20 के लोगो, थीम आ वेबसाइट लांच कइले रहस। एकरा लोगो में कमल के फूल भारत के प्राचीन विरासत, आस्था आ विचारधारा के चिन्हासी हs।

यूनेस्को व‌र्ल्ड हेरिटेज साइटन सहित केंद्र सरकार द्वारा संरक्षित सौ स्मारकन के कइल जाई रोशन

भारत के जी-20 के अध्यक्षता संभरला के संगही एक हफ्ता खातिर यूनेस्को व‌र्ल्ड हेरिटेज साइटन सहित केंद्र सरकार द्वारा संरक्षित सौ स्मारकन के रोशन कइल जाई। एह स्मारकन में दिल्ली में हुंमायू के मकबरा आ पुराना किला, गुजरात में मोढेरा सूर्य मंदिर, ओडिशा के सूर्य मंदिर, बिहार में शेरशाह के मकबरा आ राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय के खंडहर आउर प्राचीन संरचना आ स्मारक, बंगाल के राजधानी कोलकाता में मेटकाफ हाल आ मुद्रा भवन, गोवा में बेसिलिका आफ बाम जीसस आ चर्च आफ लेडी आफ रोजरी, कर्नाटक में टीपू सुल्तान के महल आ गोल गुंबज आ मध्य प्रदेश में सांची बौद्ध स्मारक आ ग्वालियर के किला सामिल बा।

जी- 20 लोगो के कइल जाई हाईलाइट

एह दौरान एह स्मारकन पs जी-20 के लोगो के हाईलाइट कइल जाई। एगो अधिकारी बतवलें कि स्मारक पs प्रोजेक्ट कइल जाये वाला लोगो के आकार ओह जगह के प्रकृति आ डिजाइन पs निर्भर होई। भारत में 40 यूनेस्को व‌र्ल्ड हेरिटेज साइट बाड़ी सs आ अधिकतर सांस्कृतिक साइट आर्कियोलाजिकल सर्वे आफ इंडिया (एएसआइ) के तहत आवेला।

आज से यूएनएससी के अध्यक्षतो के संभारी भारत

भारत बियफे से एक महीना खातिर संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद (यूएनएससी) के अध्यक्षतो के संभालर रहल बा। 15 सदस्यीय परिषद के निर्वाचित सदस्य के रूप में दु बरिस के कार्यकाल के दौरान पिछिला साल अगस्त के बाद भारत दूसरा बेर एह अध्यक्षता के संभारी। अध्यक्षता संभारे से पहिले यूएन में भारत के स्थायी प्रतिनिधि रुचिरा कंबोज सोमार आ मंगर के क्रमश: संयुक्त राष्ट्र महासभा के अध्यक्ष साबा कोरोसी आ संयुक्त राष्ट्र महासचिव एंटोनियो गुटेरस से मुलाकात कइली आ प्राथमिकतन आ कार्यक्रमन पs चरचा कइली। यूएनएससी में भारत के कार्यकाल 31 दिसंबर के समाप्त हो जाई।

Tags:

Bhojpuri News, G 20, G 20 logo, india, presidency of G 20, UNSC, World Heritage sites

Share this article

Facebook Facebook Twitter Twitter WhatsApp WhatsApp LinkedIn LinkedIn Telegram Telegram

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.

सलमान खान के ‘मातृभूमि’ के ट्रेलर देख झूम उठलें बिहार के लोग, एगो डायलॉग दिला दिहलस करोड़ों व्यूज

Big News 4 घंटे पहले

गोरखपुर में तीन दिन ले चली गीडा दिवस के आयोजन, 30 नवंबर से होई शुरुआत

Big News 4 घंटे पहले

बाप के मिलल दादा के संपत्ति पर पोता के अधिकार बा कि ना? सुप्रीम कोर्ट सुनवलस बड़ा फैसला

Big News 5 घंटे पहले

ट्रेन लेट बा आ प्लेटफॉर्म पर आवत बा नींद? बाहर महंगा होटल मत खोजीं, रेलवे के ई सुविधा आई काम गइल!

Big News 5 घंटे पहले

पंजाब में पराली के धुआं पर नइखे लगाम, अबले 5002 मामला आइल सामने; 1155 किसानन पर FIR आ ₹80 लाख के जुर्माना गइल लगावल

Big News 6 घंटे पहले

‘माओवादी खतम भइलें, अब दिमागी नक्सलियन के बारी’, राहुल गांधी के बयान पर किरेन रिजिजू के पलटवार, भाजपा-कांग्रेस में छिड़ल सियासी जंग

Politics 7 घंटे पहले
  • Facebook
  • X (Twitter)
  • Instagram
  • YouTube
About us

खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा। हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।

Important Links
About us Advertise with us Support us Disclaimer Contact us
Donation Policy Refund Policy Privacy Policy Terms & Conditions
Follow us
© 2026. Khabar Bhojpuri All Rights Reserved.
Website Designed by Cotlas

Welcome to खबर भोजपुरी

  • About us
  • Advertise With us
  • Contact us
  • Disclaimer
  • Editorial Policy
  • Privacy Policy
  • Submit your news
  • Terms & conditions

Trending now

  • Big News
  • Politics
  • Business
  • Education
  • Entertainment
  • Sports
  1. सलमान खान के ‘मातृभूमि’ के ट्रेलर देख झूम उठलें बिहार के लोग, एगो डायलॉग दिला दिहलस करोड़ों व्यूज
    Big News

    सलमान खान के ‘मातृभूमि’ के ट्रेलर देख झूम उठलें बिहार के लोग, एगो डायलॉग दिला दिहलस करोड़ों व्यूज

  2. गोरखपुर में तीन दिन ले चली गीडा दिवस के आयोजन, 30 नवंबर से होई शुरुआत
    Big News

    गोरखपुर में तीन दिन ले चली गीडा दिवस के आयोजन, 30 नवंबर से होई शुरुआत

  3. बाप के मिलल दादा के संपत्ति पर पोता के अधिकार बा कि ना? सुप्रीम कोर्ट सुनवलस बड़ा फैसला
    Big News

    बाप के मिलल दादा के संपत्ति पर पोता के अधिकार बा कि ना? सुप्रीम कोर्ट सुनवलस बड़ा फैसला

  4. ट्रेन लेट बा आ प्लेटफॉर्म पर आवत बा नींद? बाहर महंगा होटल मत खोजीं, रेलवे के ई सुविधा आई काम गइल!
    Big News

    ट्रेन लेट बा आ प्लेटफॉर्म पर आवत बा नींद? बाहर महंगा होटल मत खोजीं, रेलवे के ई सुविधा आई काम गइल!

Login Register Guest Post Reading List Wishlist
Support

Read news from your location

Choose your city

  • Delhi
  • Kolkata
  • Uttar Pradesh
  • Mumbai
  • Bihar
  • Ayodhya
  • jharkhand
  • Patna
  • Gorakhpur
  • Ranchi
  • Lucknow
  • Lifestyle
  • Miscellaneous
  • Religion
  • Gadget
  • Technology
  • Tourism
  • Video
  • Web Series

Videos News