डॉक्टर फर्जी डिग्री प्रकरण: व्हाट्सएप चैट से मिली सुराग… एह विश्वविद्यालय के कुलाधिपति से होई पूछताछ

डॉक्टर फर्जी डिग्री प्रकरण: व्हाट्सएप चैट से मिली सुराग… एह विश्वविद्यालय के कुलाधिपति से होई पूछताछ

Share

गोरखपुर : मेडिकल के फर्जी डिग्री प्रकरण के जांच के दायरा में फिरोजाबाद के शिकोहाबाद इस्थित जेएस विश्वविद्यालय (निजी) के कुलाधिपति सुकेश यादवो बाड़ें। सुकेश आ डॉक्टर राजेश के व्हाट्सएप चैट के सुराग हाथ लगला के बाद सुकेश से पूछताछ करे के तइयारी बा। जल्दिये उनका से पूछताछ होखे के बा। फिलहाल ऊ फर्जी डिग्री के एगो आउर ममिला में राजस्थान के जेल में बंद बा।

दरअसल, खोराबार पीएचसी के डॉ. राजेश कुमार से कुलाधिपति सुकेश के बातचीत के कुछ साक्ष्य पुलिस के हाथे लागल बा। एकरा के पुख्ता करे खातिर डॉक्टर के मोबाइल से मिलल रिकॉर्ड फेर से खंगालल जा रहल बा लो। एसपी सिटी के मोताबिक, बहुते जल्दिये एगो टीम पूछताछ करे जा सकत बा।

राजस्थान के जयपुर में फर्जी डिग्री के ममिला सामने अइला पs साक्ष्य मिलतही सात मार्च के उहां के एसओजी जेएस विश्वविद्यालय के कुलाधिपति सुकेश यादव के दिल्ली एयरपोर्ट से गिरफ्तार कs के जेल भिजवा देले रहे।

गोरखपुर जिला में पीएचसी के डॉक्टर के लगे से चार फर्जी डिग्री मिलल बा। एकर सत्यापनो विश्वविद्यालय जाके पुलिस करा लेले बिया। विश्वविद्यालय मनले बा कि चारो डिग्रियो फरजी बा। एकरा बादे से पुलिस फर्जी डिग्री बनावे वाला के पता लगावत रहे।

एह बीच कुलाधिपति के पकड़ल गइला के बाद, एह बात के पुष्टि हो गइल बा कि फर्जी डिग्रियो इहे बन रहल बा। अब जिला के खोराबार पुलिस बहुते जल्दी ममिला में कुलाधिपति से पूछताछ कs सकत बिया।

खोराबार थाना में शिकायत के बाद 24 फरवरी के पीएचसी के डॉ. राजेश कुमार आ उनकर साथी संतकबीरनगर जिले के खलीलाबाद कोतवाली थाना के पठान टोला निवासी सुशील कुमार चौधरी के पुलिस गिरफ्तार कइले रहे। एकनी लगे से मेडिकल के 21 गो डिग्री मिलल रहे। एमे चार जेएस विश्वविद्यालय के रहे।

इहां के नाम पs मिलल 21 डिग्री

  • राजीव गांधी यूनिवर्सिटी ऑफ हेल्थ साइंस कर्नाटक यूनिवर्सिटी
  • आयुर्वेदिक तथा युनानी तिब्बी चिकित्सा पद्धति बोर्ड
  • ओपीजेएस यूनिवर्सिटी चुरू, राजस्थान
  • उत्तर प्रदेश फार्मेसी कांउसिल
  • आईके गुजराल पंजाब टेक्निकल यूनिवर्सिटी
  • जेएस विश्वविद्यालय शिकोहाबाद
  • आयुष एंड हेल्थ साइंस यूनिवर्सिटी ऑफ छत्तीसगढ़
  • आईएफटीएम यूनिवर्सिटी मुरादाबाद
  • चौधरी चरण सिंह यूनिवर्सिटी मेरठ

फर्जी डिग्री के सत्यापन करावल जा रहल बा। जेएस विश्वविद्यालय के कुलाधिपति सहित आउर के फर्जी डिग्री के ममिला में जयपुर एसओजी गिरफ्तार कइले बा। फर्जी डिग्री ममिला में जिला के पुलिस टीम पूछताछ करे जा सकत बा- अभिनव त्यागी, एसपी सिटी

Read Also: High Alert : पाकिस्तान में आतंकी हमलन के बाद जम्मू-कश्मीर में हाई अलर्ट, सेना के गश्त बढ़ावे के निरदेस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-