[the_ad_group id="30365"]

High Alert : पाकिस्तान में आतंकी हमलन के बाद जम्मू-कश्मीर में हाई अलर्ट, सेना के गश्त बढ़ावे के निरदेस

High Alert : पाकिस्तान में आतंकी हमलन के बाद जम्मू-कश्मीर में हाई अलर्ट, सेना के गश्त बढ़ावे के निरदेस
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क : पाकिस्तान में हाले में आतंकी हमलन के मद्देनजर जम्मू-कश्मीर में सुरक्षा के लेके हाईअलर्ट जारी कइल गइल रहे। सुरक्षाबलन के गश्त आ तलाशी अभियान बढ़ावे के निरदेस दिहल गइल बा। ओहिजा, राजनेता आ सुरक्षा प्राप्त वीआईपी के सुरक्षा संबंधी सब प्रोटोकॉल के सख्ती से पालन करे के सलाह दिहल गइल रहे।

अधिकारी लोग बतावल कि बलूचिस्तान में ट्रेन हाइजैक आ लश्कर के शीर्ष कमांडर जिया-उर-रहमान उर्फ नदीम उर्फ अबु कताल के हत्या सहित हाले में हुए कइयन गो आतंकी हमलन के बाद ई सुरक्षा अलर्ट जारी कइल गइल बा। कताल जम्मू-कश्मीर में कइयन गो आतंकी हमलन में वांछित रहे। ऊ लश्कर-ए-ताइबा के संस्थापक आ 26/11 मुंबई आतंकी हमलन के मास्टरमाइंड हाफिज सईद के सबसे भरोसेमंद हैंडलर मानल जात रहे। पुंछ आ राजोरी में ओकर ओवरग्राउंड वर्कर्स (ओजीडब्ल्यू) के एगो बड़ नेटवर्क रहे।

एसएसपी के दीं अपना दौरा के जानकारी

खुफिया सूचनन के हवाला देत अधिकारी लक्षित हमलन के आशंका के ओर इशारा कइलें। अधिकारी कहल लो कि सब वीआईपी को सुरक्षा नयंत्रण कक्ष भा वरिष्ठ पुलिस अधीक्षकन के अपना दौरा के कार्यक्रम पहिले से देवे खातिर कहल गइल रहे। राजनेता लोग सहित सब सुरक्षा प्राप्त व्यक्तियन के सचेत रहे आ सुरक्षा संबंधी प्रोटोकॉल के पालन करे के कहल गइल रहे।

कार्यक्रम में अंतिम समय बदलाव करे से बचीं

अधिकारी लोग कहल कि वीआईपी के अपना दौरा के कार्यक्रमन में अंतिम समय में बदलाव करे से बचे आ आतंकवाद प्रभावित क्षेत्रन में खाली ओह दिनन में जाये के कहल गइल बा, जब सड़क खोले वाला दल तैनात रहेला। सूर्यास्त के बाद कवनो क्षेत्र में ना जाये भा पहिले से निर्धारित मार्गन के ना बदले के सलाह दिहल गइल रहे। अधिकारी लोग बतावल कि सुरक्षा प्राप्त व्यक्तियन के आपन कार्यक्रम गुप्त रखे आ आपन निजी सुरक्षा अधिकारियन के संगे घूमे के कहल गइल बा।

भीड़भाड़ वाला इलाकन में बैठक करे से बचीं

अफसरन के मोताबिक, सुरक्षा प्राप्त व्यक्तियन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ भीड़भाड़ वाला भा संवेदनशील स्थानन पs सार्वजनिक बैठकन में भाग लेवे से बचीं। जब तक पर्याप्त सुरक्षा कवर मौजूद ना होखे, अनावश्यक रूप से अपना वाहन से बाहर ना निकलीं।

बिना पहचान वाला मेहमान के स्वागत करे बहरी ना आईं

अधिकारी लोग बतावल कि सुरक्षा प्राप्त व्यक्तियन के इहो कहल गइल बा कि ऊ लोग बिना पहचान के मेहमानन के स्वागत करे खातिर बहरी ना आईं। कवनो संदिग्ध चीज के देखतही तुरंत सुरक्षा कर्मियन के सूचित करे के कहल गइल बा।

अहम संस्थानों की सुरक्षा बढ़ाई गई

अधिकारी लाेग बतावल कि एहतियात के तौर पs अहम संस्थानन के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। राष्ट्र विरोधी तत्वन के कवनो हमला, खास कs के आसान लक्ष्यन पs कवनो हमला के विफल करे खातिर सुरक्षा बलन के कड़ा निगरानी करे के निरदेस दिहल गइल बा।

Read Also: BCCI: विराट के मांग पs खिलाड़ियन के परिवार के यात्रा से जुड़ल नियम में हो सकत बा बदलाव; रिपोर्ट में खुलासा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]