UP IPS Transfer: यूपी में फेर चलल तबादला एक्सप्रेस, योगी सरकार 32 आईपीएस अफसरन के क‍इलस ट्रांसफर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 18, 2025

लखनऊ : उत्तर प्रदेश के पुल‍िस विभाग में तबादलन के दौर जारी बा। योगी सरकार एक बेर फ‍ेर मंगर के 32 आईपीएस अधिकारियन के कार्य क्षेत्र बदलल बा। एमे बीतल दिनन डीआईजी के पद पs

Share

UP IPS Transfer: यूपी में फेर चलल तबादला एक्सप्रेस, योगी सरकार 32 आईपीएस अफसरन के क‍इलस ट्रांसफर

लखनऊ : उत्तर प्रदेश के पुल‍िस विभाग में तबादलन के दौर जारी बा। योगी सरकार एक बेर फ‍ेर मंगर के 32 आईपीएस अधिकारियन के कार्य क्षेत्र बदलल बा। एमे बीतल दिनन डीआईजी के पद पs प्रमोशन पाइल 12 अधिकारियन के नया जिम्मेदारी सउपल गइल बा।

11 PPS अधिकारियन के भइल रहे ट्रांसफर

एकरा पहिले सोमार के योगी सरकार प्रांतीय पुलिस सेवा के 11 अधिकारियन के तबादला कइल गइल रहे। प्रयागराज महाकुंभ में तैनात पुलिस उपाधीक्षकन के सरकार नया तैनाती दे दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री सुरक्षा में तैनात पुलिस उपाधीक्षक नितेश प्रताप सिंह के पुलिस उपाधीक्षक बिजनौर, राजीव प्रताप सिंह के पुलिस उपाधीक्षक मुख्यमंत्री सुरक्षा लखनऊ से पुलिस उपाधीक्षक हमीरपुर बनावल गइल बा।

अंकित कुमार-1 पुलिस उपाधीक्षक, सुरक्षा मुख्यालय से हरदोई के पुलिस उपाधीक्षक बनावल गइल बा। आस्था जायसवाल के सहायक पुलिस आयुक्त, कमिश्नरेट आगरा से पुलिस उपाधीक्षक आजमगढ़, जयेंद्र नाथ अस्थाना के सहायक पुलिस आयुक्त कमिश्नरेट लखनऊ से पुलिस उपाधीक्षक हाथरस, संदीप कुमार वर्मा के पुलिस उपाधीक्षक कुंभ मेला प्रयागराज से कासगंज के पुलिस उपाधीक्षक बनावल गइल बा।

राम कृष्ण चतुर्वेदी के पुलिस उपाधीक्षक कुंभ मेला प्रयागराज के पद से चित्रकूट के मंडलाधिकारी बनावल गइल बा। महेंद्र सिंह देव के पुलिस उपाधीक्षक कुंभ मेला प्रयागराज से पुलिस उपाधीक्षक अभिसूचना मुख्यालय लखनऊ, सुशील कुमार सिंह के पुलिस उपाधीक्षक अभिसूचना मुख्यालय से लखनऊ के मंडलाधिकारी, डाॅ. कृष्ण गोपाल सिंह के पुलिस उपाधीक्षक कुंभ मेला प्रयागराज के पुलिस उपाधीक्षक फतेहपुर, प्रशाली गंगवार के पुलिस उपाधीक्षक गोरखपुर से सहायक पुलिस आयुक्त कमिश्नरेट गौतमबुद्धनगर बनावल गइल बा।

Read Also: High Blood Pressure के नेचुरली कंट्रोल करी 5 Fruits, तीसरका फल कs सकत बा बड़ कमाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.