[the_ad_group id="30365"]

देवी गीत भवानी कइल गइल लोक के समर्पित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यायावरी बाया भोजपुरी के बैनर तले तैयार कइल गइल भोजपुरी लोकगीत देवीगीत ‘भवानी’ लोक के समर्पित कइल गइल। शुक्रवार साँझ के रॉयल दरबार में एगो भव्य आयोजन के बीच एह देवी गीत के रिलीज कइल गइल। एह गीत के आवाज देहले बाड़ी भोजपुरी के प्रसिद्ध गायिका शालिनी दूबे। बता देंहल जाए कि एह गीत के आरसी प्रोडक्शन के सुशांक संगीतबद्ध कइले बानें अउर एकर वीडियो अम्मा हाउस द्वारा तैयार कइल गइल बा। एह म्यूजिक वीडियो के बड़ी भव्य तरीका से फिल्मावल गइल बा। एमे देवी दुर्गा के पंडाल के बेहतरीन तरीका से सजावल गइल बा। संगही देवी मां के श्रृंगार कइल गइल बा, जेमें ऊ बहुत सुंदर लागतड़ी। उहवें एह गाना के जरिए देवी मां के खूबसूरती के तारीफ कइल जा रहल बा। ओनके नाच गा के खुश कइल जा रहल बा। उनकर आरती अउर पूजा कइल जा रहल बा। वीडियो में ई पूरा नजारा त देखते बनsता। गाना के दर्शक ओर से काफी अच्छा रिस्पांस मिल रहल बा। एह गाना के सुने अउर वीडियो के देखे के बाद आपो झूमले पर मजबूर हो जाएब अउर देवी मां के भक्ति में लीन हो जाएब।


एह कार्यक्रम में गीत के पोस्टर के लोकार्पण ईश्वरबृज फाउंडेशन के चीफ ट्रस्टी बृजेश्वरमणि त्रिपाठी जी, पंडित सुरेंद्रमणि त्रिपाठी, डॉ अमित कुमार सिंह(असिस्टेंट कमिश्नर जीएसटी), डॉ विमल चंद पांडेय डॉ, मधुसूदन सिंह , डॉ राकेश तिवारी, शैलेन्द्र कबीर, सुशांत देव, आदित्य राजन आदि के कर-कमल से भइल। जेमे अनुराग रंजन, कुमार आशू, सुधीर मिश्रा, गौरवमणि त्रिपाठी आदि लोग रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]