ईरान में प्रदर्शनकारियन आ सुरक्षाबलन प ताबड़तोड़ फायरिंग, 5 लोगन के मौत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 17, 2022

ईरान के समाचार एजेंसी IRNA के मोताबिक, खुजेस्तान के इजेह शहर के सेंट्रल मार्केट में कुछ अज्ञात हमलावर दु गो बाइक से अइलें आ ऊ इहां सुरक्षाबलन आ प्रदर्शनकारियन प फायरिंग कइल शुरू क देले।

Share

ईरान के समाचार एजेंसी IRNA के मोताबिक, खुजेस्तान के इजेह शहर के सेंट्रल मार्केट में कुछ अज्ञात हमलावर दु गो बाइक से अइलें आ ऊ इहां सुरक्षाबलन आ प्रदर्शनकारियन प फायरिंग कइल शुरू क देले। हादसा में 5 के मौत हो गइल। अभी एह हमला के जिम्मेदारी कवनो गुट नइखे लेले। बाकिर एकरा पहिले 26 अक्टूबर के शिराज में शाह चेराग मकबरे प इस्लामिक स्टेट हमला क देल रहे। एह हादसा में 13 लोग के मौत हो गइल रहे।

ईरान में जारी बा विरोध प्रदर्शन

ईरान में 16 सितंबर के मेहसा अमिनी के पुलिस हिरासत में मौत हो गइल रहे। ऊ तीन दिन तक पुलिस हिरासत में रहली, उनका प ईरान के ड्रेस कोड के उल्लंघन करे के आरोप रहे। मेहसा अमिनी के मौत के बाद ईरान में पिछला दु महीना से विरोध प्रदर्शन जारी बा। ईरान प्रशासन एकरा के दंगन के नाम देले बिया। अब तक सइयन से बेसी प्रदर्शनकारियन के मौत हो चुकल बा। एकरा संगही ईरान प्रशासन के दावा बा कि कइयन गो सुरक्षाबलन के मौत भइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.