Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ईरान में प्रदर्शनकारियन आ सुरक्षाबलन प ताबड़तोड़ फायरिंग, 5 लोगन के मौत

ईरान के खुजेस्तान प्रांत के एगो बाजार में अज्ञात हमलावर द्वारा खुलेआम प्रदर्शनकारियन आ सुरक्षाबलन प ताबड़तोड़ फायरिंग कइल गइल। एह फायरिंग में 5 लोग के मौत हो गइल। जबकि 10 लोग जख्मी हो गइल।

361

ईरान के समाचार एजेंसी IRNA के मोताबिक, खुजेस्तान के इजेह शहर के सेंट्रल मार्केट में कुछ अज्ञात हमलावर दु गो बाइक से अइलें आ ऊ इहां सुरक्षाबलन आ प्रदर्शनकारियन प फायरिंग कइल शुरू क देले। हादसा में 5 के मौत हो गइल। अभी एह हमला के जिम्मेदारी कवनो गुट नइखे लेले। बाकिर एकरा पहिले 26 अक्टूबर के शिराज में शाह चेराग मकबरे प इस्लामिक स्टेट हमला क देल रहे। एह हादसा में 13 लोग के मौत हो गइल रहे।

ईरान में जारी बा विरोध प्रदर्शन

ईरान में 16 सितंबर के मेहसा अमिनी के पुलिस हिरासत में मौत हो गइल रहे। ऊ तीन दिन तक पुलिस हिरासत में रहली, उनका प ईरान के ड्रेस कोड के उल्लंघन करे के आरोप रहे। मेहसा अमिनी के मौत के बाद ईरान में पिछला दु महीना से विरोध प्रदर्शन जारी बा। ईरान प्रशासन एकरा के दंगन के नाम देले बिया। अब तक सइयन से बेसी प्रदर्शनकारियन के मौत हो चुकल बा। एकरा संगही ईरान प्रशासन के दावा बा कि कइयन गो सुरक्षाबलन के मौत भइल बा।

382400cookie-checkईरान में प्रदर्शनकारियन आ सुरक्षाबलन प ताबड़तोड़ फायरिंग, 5 लोगन के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.