आप के बड़ झटका: दिल्ली के मंत्री कैलाश गहलोत के इस्तीफा, पार्टी छोड़े के एलान; केजरीवाल के भेजलें चिट्ठी

कैलाश गहलोत - फोटो : एएनआई

Share

नई दिल्ली। आदमी पार्टी के अतवार के बड़ झटका लागल बा। दिल्ली के मंत्री आ आम आदमी पार्टी के नेता कैलाश गहलोत पार्टी से इस्तीफा दे देले बाड़ें। कैलाश गहलोत पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अरविंद केजरीवाल के इस्तीफा भेजले बाड़ें। एकरा संगही एगो पत्र ऊ केजरीवाल के भेजले बाड़ें।

न्यूज एजेंसी एएनआई के अनुसार, दिल्ली के मंत्री आ आप नेता कैलाश गहलोत आम आदमी पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे देले बाड़ें। ऊ पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के पत्र लिखले बाड़ें। पत्र में लिखले बाड़ें, “शीशमहल जइसन कइयन गो शर्मनाक आ अजीबोगरीब विवाद बा, जवन अब सभका के संदेह में डाल रहल बा कि का हम अभियो आम आदमी होखे में विश्वास करेनी..अब ई स्पष्ट बा कि जदि दिल्ली सरकार अपना अधिकांश समय केंद्र से लड़े में बितावत बिया तs दिल्ली खातिर वास्तविक प्रगति नइखे हो सकत। हमरा लगे रउआ से अलग होखे के अलावा कवनो विकल्प नइखे बाचल आ एहिसे हम आम आदमी पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे रहल बानी।”

कैलाश गहलोत के जन्म 11 मार्च 1974 के भइल रहे। कैलाश गहलोत के जन्म नई दिल्ली में गहलोत गोत्र के एगो जाट परिवार में भइल रहे। ऊ दिल्ली विश्वविद्यालय से बैचलर ऑफ आर्ट्स, बैचलर ऑफ लॉ, मास्टर ऑफ लॉ के डिग्री प्राप्त कइले बाड़ें।

दिल्ली के पिछलका सरकार में परिवहन आ पर्यावरण विभाग के कार्यभार संभारे वाला कैलाश गहलोत अबकियो बेर मंत्री पद के शपथ लेले रहस । कैलाश अबकियो बेर नजफगढ़ विधानसभा सीट से भारतीय जनता पार्टी के अजित सिंह खरखरी के हरा के जीत हासिल कइले रहस।
पिछलका बेर गहलोत के पर्यावरण मंत्री रहते दिल्ली के हवा के लेके तमाम डेग उठावल  गइल रहे, जवना के नतीजा रहल कि प्रदूषण में 25 फीसदी के कमी दर्ज कइल गइल।

नाम: कैलाश गहलोत
शिक्षा: एलएलएम
कहां से जीतलें: नजफगढ़
केकरा के हरवलें: भाजपा के अजित सिंह खरखरी
केतना वोट से हरवलें: 6,231
खास: पिछलका सरकार में परिवहन आ पर्यावरण मंत्री

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-