स्पोर्ट्स डेस्क : भारतीय क्रिकेट टीम के स्टार बल्लेबाज आ पूर्व कप्तान रोहित शर्मा के 2027 वनडे वर्ल्ड कप खेले के लेके अभियो सस्पेंस बनल बा। चीफ सेलेक्टर अजीत अगरकर आ कोच गौतम गंभीर अभी तक रोहित आ विराट कोहली के जगह पक्का नइखन मानत। कुछ मीडिया रिपोर्ट में तs इहो कहल जा रहल बा कि टीम मैनेजमेंट इनका के वर्ल्ड कप में नइखे देखे के चाहत।
हालांकि, भारत के पूर्व कप्तान आ पूर्व चीफ सेलेक्टर दिलीप वेंगसरकर, जवन कर्नल नाम से मशहूर बाड़ें, रोहित के समर्थन कइले बाड़ें। ऊ मानत बाड़ें कि अगर रोहित फिट आ फॉर्म में रहिहें, तs ऊ जरूर वर्ल्ड कप खेलिहें।
रोहित के उपलब्धि आ मवजूदा इस्थिति
रोहित शर्मा के कप्तानी में भारत 2024 के T20 वर्ल्ड कप जीतलस आ 2025 के चैंपियंस ट्रॉफी अपना नाम कइलस। एह सफलता के बादो अब उनकर टीम में जगह पs सवाल उठे लागल बा। रोहित आ विराट दुनो 2024 में T20 इंटरनेशनल छोड़ देलें आ 2025 में टेस्ट क्रिकेट से संन्यास ले लेलें।
‘कर्नल’ वेंगसरकर का कहलें?
वेंगसरकर कहले बाड़ें कि रोहित महान खिलाड़ी बाड़ें। उनकर टेक्निक, स्किल आ मैच जितावे के काबिलियत कमाल के बा। क्रिकेट में उमिर से जादे फॉर्म आ फिटनेस मायने रखेला।
ऊ आगे कहलें कि जदि रोहित फिट आ फॉर्म में रहिहें, तs उनका के वर्ल्ड कप खेले से केहू ना रोक सकेला।
फिटनेस पs रोहित के फोकस
रोहित शर्मा हाल के समय में आपन फिटनेस पs खूब मेहनत कइले बाड़ें। ऊ जानत बाड़ें कि सेलेक्टर्स फिटनेस के मुद्दा बना सकेला लोग, एही से ऊ खुद के बेहतर बनावे में लागल बाड़ें।
फॉर्म सबसे बड़ चुनौती
अब सबसे बड़ सवाल रोहित के फॉर्म के बा। जदि उनकर प्रदर्शन लगातार अच्छा रहत बा, तs 2027 वर्ल्ड कप में उनकर खेलल लगभग तय मानल जा सकेला। बाकिर जदि एक-दू सीरीज खराब हो गइल, तs उनकर सपना टूट सकेला।
कुल मिलाके, रोहित शर्मा के वर्ल्ड कप 2027 में खेलल उनकर फिटनेस आ फॉर्म पs निर्भर करी आ आने वाला समय सब कुछ साफ करी।
Read Also: Bloomberg : अदाणी बनलें एशिया के सबसे अमीर, अंबानी के पछड़लें








