IPL 2026 Points Table : केकेआर पs बड़ी जीत के बादो शीर्ष-4 से बाहर सनराइजर्स, अंक तालिका पs डालीं एक नजर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 में बियफे के कोलकाता के इडेन गार्डेन में कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) आ सनराइजर्स हैदराबाद (एसआरएच) के बीच खेलल गइल मुकाबला में हैदराबाद बड़ जीत दर्ज कइलस। एह जीत के बादो

Share

IPL 2025 schedule

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 में बियफे के कोलकाता के इडेन गार्डेन में कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) आ सनराइजर्स हैदराबाद (एसआरएच) के बीच खेलल गइल मुकाबला में हैदराबाद बड़ जीत दर्ज कइलस। एह जीत के बादो हैदराबाद अंक तालिका में शीर्ष चार पs नइखे। सनराइजर्स पहिले बल्लेबाजी करत आठ विकेट पs 226 रन बनवले रहे। केकेआर 16 ओवर में 161 रन पs सिमट के मैच 65 रन से हार गइल। केकेआर आ सनराइजर्स के बीच खेलल गइल मुकाबला एह सीजन के छठा मुकाबला रहे। आईं देखल जावs कि एह मैच के बाद अंक तालिका में का बदलाव भइल बा…

राजस्थान शीर्ष पs मवजूद

राजस्थान रॉयल्स अंक तालिका में पहिला स्थान पs मवजूद बा। राजस्थान अपना पहिला मैच में चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) के आठ विकेट से हरवले रहे। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) दूसरका स्थान पs काबिज बा। आरसीबी अपना पहिला मैच में सनराइजर्स हैदराबाद के छव विकेट से हरवले रहे। बुध के लखनऊ सुपर जाएंट्स के हरावे वाली दिल्ली कैपिटल्स तीसरा स्थान पs काबिज बिया। दिल्ली आपन पहिला मैच छव विकेट से जीतले रहे। मुंबई इंडियंस चउथा स्थान पs बिया। मुंबई कोलकाता नाइट राइडर्स के छव विकेट विकेट से हरवले रहे।

सनराइजर्स छठा स्थान पs पहुंचल

पंजाब किंग्स पांचवां स्थान पs बिया। पंजाब अपना पहिला मैच में गुजरात टाइटंस के तीन विकेट से हरवले रहे। केकेआर के खिलाफ 65 रन से जीत दर्ज कइला के बाद सनराइजर्स हैदराबाद के इस्थिति सुधरल बा। टीम पहिले के नउवां स्थान से छठा स्थान पs आ गइल बिया। गुजरात टाइटंस सातवां, लखनऊ सुपर जाएंट्स आठवां, कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) नउवां आ चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) 10वां स्थान पs बिया। अंक तालिका में टीमन के स्थान जीत-हार के अलावा रन रेट के आधार पs तय कइल गइल बा। आईपीएल 2026 में सुक के चेन्नई सुपर किंग्स आ पंजाब किंग्स के बीच चेन्नई में मैच होखे के बा। दूनो टीमन के सीजन के ई दूसरका मैच हs। सीएसके जीत के राह पs लवटे के चाही। ओहिजा, गुजरात के खिलाफ पहिला मैच में जीत दर्ज करे वाली पंजाब अपना जीत के लय के बरकरार रखे के चाही।

आईपीएल 2026 के अंक तालिका (छव मैच के बाद)

स्थान टीम मैच जीत हार बेनतीजा अंक नेट रन रेट
1 राजस्थान रॉयल्स 1 1 0 0 2 +4.171
2 रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु 1 1 0 0 2 +2.907
3 दिल्ली कैपिटल्स 1 1 0 0 2 +1.397
4 मुंबई इंडियंस 1 1 0 0 2 +0.687
5 पंजाब किंग्स 1 1 0 0 2 +0.509
6 सनराइजर्स हैदराबाद 2 1 1 0 2 +0.469
7 गुजरात टाइटंस 1 0 1 0 0 -0.509
8 लखनऊ सुपर जाएंट्स 1 0 1 0 0 -1.397
9 कोलकाता नाइट राइडर्स 2 0 2 0 0 -1.964
10 चेन्नई सुपर किंग्स 1 0 1 0 0 -4.171

Read Also: Bihar News : जहरीली शराब के कहर जारी, अब तक चार के मौत, कइयन लोगन के हालत नाजुक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.