[the_ad_group id="30365"]

17 अप्रिल 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक-17/04/2026
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

 रात में 05 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सुक।

रेवती नक्षत्र

दिन में 12 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

वैधृति जोग

सबेरे में 07 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

चतुष्पद करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/04/2026

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन में 02 बजके 10 मिनट ले।

दिन- सोमार।

अश्विनी नक्षत्र

दिन में 09 बजके 42 मिनट ले।

प्रीति जोग

दिन में 11 बजके 55 मिनट ले।

बव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर स्वास्थ मध्यम रही। रउआ प्रेम आ संतान के साथ मिली,जवना से बेयपार निम्मन रही। जमीन, घर आ वाहन के खरीददारी हो सकेला। आज के दिने भावना में बहके कवनो निर्णय मत लीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिने राउर कइल मेहनत सार्थक होई। राउर बेवसायिक सफलता के जोग बनी। राउर आपन प्रेम आ संतान के साथ मिली। आज के दिने घर में कलह के सुरुआत मत करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिने धन के आवाग बढ़ी, जवना से राउर आर्थिक स्तिथी मजबूत होई। भ्रामक समाचार के प्राप्ति होई। राउर मन परेसान रही। आज के दिने संतान से दूरी मत बढ़ाई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिने रउआ बेवसायिक सफलता मिली। नाया प्रेम के आगमन हो सकेला। राउर स्वास्थ के स्तिथि निम्मन रही। संतान पक्ष से सुभ समाचार के प्राप्ति होई। आज के दिने कहीं पूंजी के निवेश ना करी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन राउर रुकल काम चल सकी। राउर आय के नया रस्ता बनी। राउर प्रेम आ संतान के स्तिथी मध्यम रही। पूजा-पाठ में राउर मन लागी। आज के दिने बेसी खरच मत करीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिने राउर प्रेम में कलह होखे के संभावना बा। संतान से तनिका दूरी होई। राउर स्वास्थ में सुधार होई। धन के आगमन बढ़ी। बेयपार के स्तिथि निम्मन रही। आज के दिन जादे सोच के शिकार ना बनी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने रउआ जीवन साथी के सानिध्य मिली। रोजी-रोजगार में रउआ तरक्की करी। रउआ अपना क्रोध प नियंत्रण राखी। राउर संतान के स्तिथी मध्यम रही। आज के दिन अपना उच्चाधिकारी से ना उलझी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ शत्रु पs भारी पड़ी। राउर रुकल काम चल पड़ी। बेयपार आ प्रेम के पूरा साथ मिली। राउर स्वास्थ के स्तिथि निम्मन रही। आज के दिने संतान के स्वास्थ प धेयान दीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिने भावुक बनल रहेम, बाकिर अपना क्रोध प लगाम राखीं। स्वास्थ आ प्रेम के स्तिथी मध्यम रही। बेयपार के स्तिथी बढ़िया रही। संतान के साथ मिली। आज के दिने कवनो नाया सुरुआत मत करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिने नाया प्रेम के जिनगी में आगमन होई। रउआ भौतिक सुख-सम्पदा में बढ़न्ती होई। राउर स्वास्थ प्रभावित रही, बाकिर जीवन साथी के सानिध्य मिली। आज के दिने मां के स्वास्थ के लेके लापरवाही मत बरतीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

बेवसायिक सफलता के जोग बनी। रुकल काम आगा बढ़ी।शुभता के प्रतीक बनल रहेम। प्रेम आ संतान के साथ मिली। स्वास्थ के लेके लापरवाही मत बरतीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक इस्तिथी मजबूत होई। राउर रुकल धन वापस मिली। आय के नया श्रोत बनी। प्रेम आ संतान के साथ मिली। आज के दिने केहू के रुपिया उधार मत दीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]