दिल्ली के मिली नया कैबिनेट मिनिस्टर, नया विधायक के सरकार देई मंत्री के पद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2024

  दिल्ली सरकार के मंत्रिमंडल से आम आदमी पार्टी के वरिष्ठ नेता कैलाश गहलोत के इस्तीफा के बाद उनुकर पद खाली हो गईल रहे। आम आदमी पार्टी ओह खाली पद के भरे के फैसला कइले

Share

विधायक रघुविन्दर शौकीन

 

दिल्ली सरकार के मंत्रिमंडल से आम आदमी पार्टी के वरिष्ठ नेता कैलाश गहलोत के इस्तीफा के बाद उनुकर पद खाली हो गईल रहे। आम आदमी पार्टी ओह खाली पद के भरे के फैसला कइले बिया. बता दीं कि कैलाश गहलोत के इस्तीफा के बाद अब रघुविंदर शौकीन के उनुका जगहा उनुका मंत्रिमंडल में मंत्री बनावल जाई।

कैलाश गहलोत काल्हु इस्तीफा दे दिहले रहले

बता दीं कि आम आदमी पार्टी के बरियार नेता कहल जाए वाला कैलाश गहलोत पछिला अतवार यानी 17 नवम्बर 2024 के आम आदमी पार्टी छोड़ के पार्टी के सदस्यता से इस्तीफा दे देले रहले। उनुकर इस्तीफा दिल्ली के मुख्यमंत्री आतिशी भी स्वीकार कs लिहले। कैलाश गहलोत काल्हु आप से इस्तीफा दे दिहलन आ आजु भाजपा में शामिल हो गइलन. अब दिल्ली मंत्रिमंडल में रघुविंदर शौकीन के उनुका जगहा मंत्री बनावे के फैसला हो गइल बा.

कैलाश गहलोत इस्तीफा देवे के बारे में का कहले?

आम आदमी पार्टी से इस्तीफा देवे के बारे में कैलाश गहलोत कहले कि, ‘आप छोड़ल आसान ना रहे बाकिर अब आप में स्थिति ठीक नईखे।’ आप पs भरोसा टूट गईल। उs आगे कहले कि, ‘ईडी अवुरी सीबीआई के दबाव के बात गलत बा। हम केहू के दबाव में फैसला ना लेवेनी। केंद्र से मुठभेड़ हर मामला में गलत बा। केंद्र से लड़ल समय के बर्बादी बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.