13 अप्रिल 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 13, 2026

दिनांक- 13/04/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग बैशाख कृष्ण पक्ष तिथि- एकादशी रात के 01 बजके 08 मिनट ले, ओकरा बाद द्वादशी। दिन- सोमार। धनिष्ठा नक्षत्र दिन के 04 बजके 03 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 13/04/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

रात के 01 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

शुभ जोग

दिन के 05 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/04/2026

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 12 बजके 12 मिनट ले।

दिन- मंगर।

शतभिषा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 05 मिनट ले।

शुक्ल जोग

दिन के 03 बजके 39 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। रचन के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिला आगे बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहयोग आ सानिध्य मिली। दोसरा से सहजोग लेला में सफलता मिली। कइल गइल मेहनत सफल होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आर्थिक योजना सफल होई। भावुकता में लिहल गइल निर्णय कष्टदायी आ तनावपूर्ण होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बहुते उमेद के काम पूरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। शाही खर्च आर्थिक तनाव दिही। पारिवारिक विवाद के आशंका बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। रचना के कोसिस सफल होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। महिला अधिकारी के भरपूर सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिल सकत बा। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

जीवनसाथी से मतभेद हो सकत बा। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्कता बा। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद रही। जीविका के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

संतान भा शिक्षा के कारण तनाव मिल सकत बा। व्यक्ति विशेष से वैचारिक मतभेद हो सकत बा। चल भा अचल संपत्ति के ममिला में सफलता मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.