Vaibhav Sooryavanshi : का आयरलैंड दौरा पs जइहें वैभव सूर्यवंशी? चयनकर्ता कइल लोग शॉर्टलिस्ट, टूट सकेला डेब्यू में सचिन के रिकॉर्ड

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। वैभव सूर्यवंशी के नाम एह घरी भारतीय क्रिकेट में तेजी से चमक रहल बा। खबर बा कि जून महीना में होखे वाला भारत के आयरलैंड दौरा खातिर टीम इंडिया में उनकर चयन हो

Share

Vaibhav Suryavanshi scores fastest century in Vijay Hazare Trophy for Bihar

स्पोर्ट्स डेस्क। वैभव सूर्यवंशी के नाम एह घरी भारतीय क्रिकेट में तेजी से चमक रहल बा। खबर बा कि जून महीना में होखे वाला भारत के आयरलैंड दौरा खातिर टीम इंडिया में उनकर चयन हो सकेला। अगर अइसन हो जात बा तs ऊ खाली 15 बरिस के उमिर में भारत खातिर खेले वाला सबसे जवान खिलाड़ी बन जइहें। चयनकर्ता लोग उनकर नाम शॉर्टलिस्ट कइले बा आ जल्दिये एकरा पs आखिरी फैसला हो सकेला। भारतीय टीम इंग्लैंड दौरा से पहिले आयरलैंड के खिलाफ 26 आ 28 जून के दूगो टी20 मैच खेली।

चयनकर्ता लोगन के नजर में वैभव

बीसीसीआई के एगो सूत्र के मोताबिक, वैभव आयरलैंड दौरा खातिर मजबूत दावेदार बाड़ें। चयनकर्ता लोग एह नवहा खिलाड़ी के मवका देवे के मूड में बा आ एह लिस्ट में वैभव सबसे आगे बाड़ें।

आईपीएल में धुआंधार प्रदर्शन

आईपीएल 2026 में वैभव के बल्ला खूब बोल रहल बा। ऊ कइयन गाे सानदार पारी खेल चुकल बाड़ें। आरसीबी के खिलाफ 26 गेना में 78 रन, सीएसके के खिलाफ 17 गेना में 52 रन आ मुंबई के खिलाफ 14 गेना में 39 रन बनवले बाड़ें। ऊ दुनिया के टॉप गेंदबाजन के खिलाफ बेखौफ बल्लेबाजी करत बाड़ें। इहां तक कि जसप्रीत बुमराह के पहिला गेना पs छक्का मार के ऊ आपन निडरता देखवले बाड़ें।

जल्दिये मिल सकेला मवका

चयनकर्ता लोग वैभव के जादे इंतजार नइखे करावे के चाहत। पहिले कमजोर टीमन के खिलाफ मवका मिल सकेला। जदि उनकर प्रदर्शन एही तरे रहल, तs आयरलैंड के संगे-संगे जिम्बाब्वे दौरा में चयन तय मानल जा रहल बा।

दिग्गजन के मिलल समर्थन

आईपीएल चेयरमैन अरुण धूमल वैभव के तारीफ करत कहलें कि उनकर बल्लेबाजी लाजवाब बा आ ऊ कम उमिर में टीम इंडिया में डेब्यू के पूरा हकदार बाड़ें। पूर्व ऑलराउंडर इरफान पठानो चयनकर्ता लोगन से उनकर जल्दी चयन करे के मांग कइले बाड़ें।

रिकॉर्ड पs नजर

भारत खातिर सबसे कम उमिर में डेब्यू करे के रिकॉर्ड अभी सचिन तेंदुलकर के नाम बा, जे 16 साल 205 दिन में टेस्ट डेब्यू कइले रहलें। ओही समय, सबसे कम उमिर में डेब्यू करे वाली भारतीय खिलाड़ी शैफाली वर्मा बाड़ी, जवन 15 साल सात महीना 27 दिन में खेलल सुरू कइली। जदि वैभव आयरलैंड दौरा पs खेले जइहें, तs इहो रिकॉर्ड टूट सकेला।

बल्लेबाजी के अलग अंदाज

वैभव आपन खेल के लेके साफ सोच रखेलें। ऊ कहेलें कि ऊ गेना पs ध्यान देत बाड़ें, गेंदबाज पs ना। आपन गेम पs फोकस कs के खेलत बाड़ें। उनकर पिता, कोच आ टीम मैनेजर हमेशा कहेलें कि लमहर सफर बा, एकरा से प्रोसेस पs धेयान देवे के चाहीं।

आगे के शेड्यूल

आयरलैंड दौरा के बाद भारतीय टीम इंग्लैंड जाई, जहां पांच टी20 आ तीन वनडे मैच खेलल जाई। एह दौरा में सीनियर खिलाड़ी लवट सकत बाड़ें, बाकिर आयरलैंड दौरा नवहा खिलाड़ी खातिर खुद के साबित करे के बढ़िया मवका बा।

Read Also: Babasaheb Ambedkar Jayanti : बाबा साहेब के 135वीं जयंती : राष्ट्रपति, PM मोदी सहित कइयन गो नेता कइल लोग नमन, जानीं के का-का कहल?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.