महाराष्ट्र: BJP के प्रचार में पहुंचले मशहूर ‘डॉली चायवाला’, एह दिग्गज नेता के साथे बइठले

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2024

    महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव 2024 के तारीख अब बहुत नजदीक आ गईल बा। एही कारण से सभे राजनीतिक दल चुनाव प्रचार में खुद के झोंक देले बाड़े। अब नेता लोग भी अपना प्रचार

Share

भाजपा के प्रचार में डॉली चायवाला

 

 

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव 2024 के तारीख अब बहुत नजदीक आ गईल बा। एही कारण से सभे राजनीतिक दल चुनाव प्रचार में खुद के झोंक देले बाड़े। अब नेता लोग भी अपना प्रचार खातिर सेलिब्रिटी के मदद ले रहल बा। बियफ़ें के नागपुर में भी अयीसने नजारा देखाई देलस। नागपुर पूर्व से भाजपा उम्मीदवार के समर्थन में आयोजित प्रचार बैठक में प्रसिद्ध डॉली चायवाला भी शामिल भइले। प्रचार के दौरान उनुका के भाजपा के दिग्गज नेता अवुरी नागपुर के प्रभारी कैलाश विजयवर्गीय के संगे देखल गईल बा।

कैलाश विजयवर्गीय फोटो शेयर कइले बाड़े

महाराष्ट्र विधानसभा में चुनाव प्रचार अंतिम चरण में पहुंच गईल बा। अयीसना में मतदाता के अपना ओर खींचे खातीर सभ राजनीतिक दल भी सेलिब्रिटी के मदद लेतारे। भाजपा नेता अवुरी नागपुर के प्रभारी कैलाश विजयवर्गीय अपना इंस्टाग्राम प्लेटफॉर्म पs डॉली चायवाला के संगे एगो फोटो शेयर कईले बाड़े।

चुनाव कब हो रहल बा?

महाराष्ट्र में 20 नवंबर के राज्य के सभ 288 विधानसभा सीट पs एक संगे एक चरण में मतदान होई। एकरा संगे मतदान के 3 दिन बाद 23 नवंबर के चुनाव परिणाम सामने आई.

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.