[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली WPL-2 के प्लेऑफ में : बेंगलुरु के एक रन से हरवलें ; रोड्रिग्ज के अर्धशतक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली कैपिटल्स विमेंस प्रीमियर लीग के दूसरका सीजन के प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई कs लेले बा। टीम रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के रोमांचक मुकाबला में एक रन से हरवलस। एह जीत से दिल्ली के टीम मवजूदा सीजन के टॉप पर आ गइल बिया। एतने ना टीम 10 अंक हासिल कs के टॉप-4 में आपन जगह पक्का कs लेले बिया।

अरुण जेटली मैदान पs मेजबान टीम टॉस जीतके बल्लेबाजी करत 20 ओवर में पांच विकेट पs 181 रन बनवलस। जवाब में बेंगलुरु के बल्लेबाज 20 ओवर में सात विकेट पs 180 रन बना सकल। जेमिमा रोड्रिग्ज प्लेयर ऑफ द मैच रहली। ऊ 36 बॉल पs 58 रन के पारी खेलली।

ऋचा घोष के अर्धशतक, बाकिर टीम हारल

विकेटकीपर बल्लेबाज ऋचा घोष 29 बॉल पs 51 रन के आतिशी पारी खेलली, बाकिर अपना टीम के जीत ना दिला सकली। सोफी डिवाइन 16 बॉल पs 26 रन के जोगदान देली।

मोलेनिक्स-पेरी के फिफ्टी पार्टनरशिप, एलिस अर्धशतक चूकली 

कप्तान मंधाना के विकेट गंववला के बाद एलिस पेरी आ सोफी मोलेनिक्स के संगे मिलके पारी के संभारल लो। दुनो खिलाड़ी दूसरका विकेट खातिर 57 बॉल पs 80 रन के साझेदारी कइल लो। एलिस 32 बॉल पs 49 रन बनवली। ऊ आपन अर्धशतक पूरा ना कs सकली। संगही सोफी मोलेनिक्स 30 बॉल पs 33 रन बनवली।

दिल्ली के पारी…

लेनिंग-वर्मा दिलावल लो मजबूत सुरुआत

कप्तान मेग लेनिंग आ शैफाली वर्मा टॉस जीतके बल्लेबाजी करे उतरल दिल्ली के मजबूत सुरुआत दिलावल लो। दुनो खिलाड़ी 38 बॉल पs 54 रन के ओपनिंग साझेदारी कइल। लेनिंग 26 बॉल पs 29 आ वर्मा 18 बॉल पs 23 रन बनवली। एह दुनो के साझेदारी के आशा शोभना शैफाली के सोफी मोलेनिक्स के हाथन कैच कराके तुरली।

रोड्रिग्ज के दूसरका अर्धशतक, कैप्सी 48 रन बनावल 

54 रन पs शैफाली वर्मा के विकेट गंववला के बाद जेमिमा रोड्रिग्ज मोर्चा संभरली। ऊ 36 बॉल पs आठ चौका आ एगो छक्का के सहारे 58 रन बनवली। ऊ 161.11 के स्ट्राइक रेट से रन बनवली। जेमिमा एलिस कैप्सी के संगे तीसरका विकेट खातिर एलिस कैप्सी के संगे 62 बॉल पs 97 रन के अहम साझेदारी कइली। ई साझेदारी टीम के स्कोर 150 के पार पहुंचा देलस।

डेथ ओवर्स में आशा-श्रेयांका वापसी करावल लो

दिल्ली के टीम 16 ओवर में दु विकेट पs 143 रन बना लेले रहे, अइसन लागत रहे कि टीम के स्कोर 200 पार जाई, बाकिर डेथ ओवर्स में आशा शोभना आ श्रेयांका पाटिल बेंगलुरु के वापसी करावल लो आ स्कोर 181 रन पs रोक लिहल। श्रेयांका चार आ आशा एगो विकेट लेली।

दुनो टीमन के फुल स्क्वॉड

दिल्ली कैपिटल्स: मेग लेनिंग (कप्तान), शैफाली वर्मा, एलिस कैप्सी, जेमिमा रोड्रिग्ज, मारिजैन कैप, जेस जोनासेन, तानिया भाटिया (विकेटकीपर), अरुंधति रेड्डी, तितास साधु, शिखा पांडे आ राधा यादव।

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर: स्मृति मंधाना (कप्तान), आशा शोभना, दिशा कसत, एलिस पेरी, नादिन डी क्लर्क, इंद्राणी रॉय, श्रद्धा पोखरकर, रेणुका सिंह, ऋचा घोष, श्रेयांका पाटिल, सोफी डिवाइन, जॉर्जिया वेयरहम, एकता बिष्ट, कैट क्रॉस, शुभा सतीश, एस (सब्बिनेनी) मेघना, सिमरन बहादुर आ सोफी मोलेनिक्स।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]