Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs ENG: रोहित-शुभमन 2021 से टेस्ट में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय, हिटमैन गावस्कर के कइलें बराबरी 

1,562

इंग्लैंड के खिलाफ पांचवां टेस्ट में रोहित शर्मा आ शुभमन गिल सानदार शतक लगवलें। ई दुनो दूसरका विकेट खातिर 171 रन के साझेदारी निभावल लो आ भारत के इंग्लैंड पs आसानी से बढ़त हासिल करे में मदद कइल लो। दुनो लंच तक भारत के कवनो विकेट ना गिरे दिहल लो। हालांकि, लंच के ठीक बाद बेन स्टोक्स गेंदबाजी खातिर आइल आ एह सीरीज के अपना पहोला गेना पs हिटमैन के क्लीन बोल्ड कs देलें।

रोहित 162 गेना में 103 रन के पारी खेलले। अपना पारी में ऊ 13 चौका आए तीन छक्का लगवलें। एकरा अगिलही ओवर में जेम्स एंडरसन सुभमन गिल के क्लीन बोल्ड कइलें। ऊ 150 गेना में 110 रन के पारी खेलले। अपना पारी में ऊ 12 चौका आ पांच छक्का लगवलें। एह पारियन से रोहित आ शुभमन कइयन गो रिकॉर्ड बनावल लो।

साल 2021 से लेके अब तक टेस्ट में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय बल्लेबाजन में रोहित आ शुभमन शीर्ष पs बा लो। रोहित एह दौरान छव आ शुभमन चार शतक लगवले बा लो। एकरा बाद रवींद्र जडेजा, यशस्वी जायसवाल, ऋषभ पंत आ केएल राहुल बा लो। ई सब केहू तीन-तीन शतक लगवले बा लो।

2021 से लेकर अब तक भारत खातिर सर्वाधिक टेस्ट शतक

  • 6 – रोहित शर्मा
  • 4-शुभमन गिल
  • 3- रवींद्र जडेजा
  • 3- यशस्वी जयसवाल
  • 3-ऋषभ पंत
  • 3- केएल राहुल

इंग्लैंड के खिलाफ टेस्ट में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय ओपनर्स में रोहित महान सुनील गावस्कर के बराबरी कइल लो। दुनो चार-चार शतक लगवले बा लो। एह लिस्ट में विजय मर्चेंट, मुरली विजय आ केएल राहुल तीन-तीन शतक के संगे दूसरका नंबर पs बा।

इंग्लैंड के खिलाफ भारत के कवनो सलामी बल्लेबाज के सर्वाधिक टेस्ट शतक

  • 4 – सुनील गावस्कर
  • 4 – रोहित शर्मा
  • 3- विजय मर्चेंट
  • 3- मुरली विजय
  • 3- केएल राहुल

बतौर ओपनर अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादे शतक लगावे के मामिला में रोहित तीसरा स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें। ऊ क्रिस गेल के पीछे छोड़लें। रोहित के नावे अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट माने तीनों फॉर्मेट मिलाके 43 शतक बा। एह ममिला में ऊ खाली डेविड वॉर्नर आ सचिन तेंदुलकर से पीछे बाड़ें। वॉर्नर 49 आ सचिन 45 शतक लगवले बाड़ें। दुनो संन्यास ले चुकल बा लो। वॉर्नर एही साल टेस्ट से संन्यास लेले रहस।

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में बतौर ओपनर सबसे जादे शतक

  • 49 – डेविड वॉर्नर
  • 45 – सचिन तेंदुलकर
  • 43 – रोहित शर्मा
  • 42 – क्रिस गेल
  • 41 – सनथ जयसूर्या
  • 40 – मैथ्यू हेडन

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय बल्लेबाजन में रोहित चउथा स्थान पs पहुंच चुकल बाड़ें। रोहित अंतरराष्ट्रीय करियर में अब तक 48 शतक लगवलें बाड़ें। ऊ राहुल द्रविड़ के बराबरी कइलें। एह ममिला में 100 शतकन के संगे सचिन तेंदुलकर शीर्ष पs बाड़ें। ओहिजा, विराट कोहली के नावे 80 शतक बा।

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में कवनो भारतीय बल्लेबाज के ओर से सर्वाधिक शतक

  • 100 – सचिन तेंदुलकर
  • 80- विराट कोहली
  • 48 – राहुल द्रविड़
  • 48 – रोहित शर्मा
  • 38 – वीरेंद्र सहवाग
  • 38 – सौरव गांगुली

एतनही ना रोहित 2019 में सुरू भइल विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में नौ शतक पूरा कs लेले बाड़ें। एह ममिला में ऊ स्टीव स्मिथ के बराबरी कइलें। उनको एह चैंपियनशिप में कुल नौ शतक बा। ऊ अब खाली 13 शतक लगा चुकल इंग्लैंड के जो रूट, 11 शतक लगा चुके ऑस्ट्रेलिया के मार्नस लाबुशेन आ 10 शतक लगा चुकल न्यूजीलैंड के केन विलियम्सन से पीछ बाड़ें। रोहित पाकिस्तान के बाबर आजम के पीछे छोड़ देलें। बाबर पाकिस्तान खातिर विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के 29 मैचन में आठ शतक लगवले बाड़ें।

760170cookie-checkIND vs ENG: रोहित-शुभमन 2021 से टेस्ट में सबसे जादे शतक लगावे वाला भारतीय, हिटमैन गावस्कर के कइलें बराबरी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.