Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गुजरात के जीत से WPL प्लेऑफ के रेस भइल रोमांचक : यूपी के 8 रन से हार; मूनी जमवली अर्धशतक, शबनम के मिलल 3 विकेट

2,186

गुजरात जायंट्स विमेंस प्रीमियर लीग के मवजूदा सीजन में यूपी वॉरियर्स पs आठ रन से जीत हासिल कइलस। ई जीत टीम के प्लेऑफ के उम्मीदन के बना के रखले बा। गुजरात के आखिरी मुकाबला दिल्ली कैपिटल्स से 13 मार्च के होई। अरुण जेटली मैदान पs गुजरात टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में आठ विकेट पs 152 रन बनवलस। जवाब में यूपी के टीम 20 ओवर में पांच विकेट पs 144 रन बना सकल। शबनम शकील के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल। ऊ 11 रन देके तीन विकेट लेली।

रोमांचक मोड़ पs प्लेऑफ के रेस

गुजरात के जीत से विमेंस प्रीमियर लीग के मवजूदा सीजन के प्लेऑफ के रेस रोमांचक मोड़ पs बा। मवजूदा इस्थिति में तीनो टीमन के लगे प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई करे के मवका बा। दिल्ली आ मुंबई पहिलही क्वालिफाई कs चुकल बा। अइसन में बेंगलुरु, गुजरात आ यूपी के बीचे एगो स्थान खातिर रेस बा। आगे के समीकरण कुछ एह तरे बा…

  • बेंगलुरु के आखिरी मैच जीते के होई बेंगलुरु के लगे 6 अंक बा। टीम के आखिरी मुकाबला मुंबई से खेले के बा। जदि बेंगलुरु मंगर के मुंबई से होखे वाला मैच जीत लेत बिया, तs प्लेऑफ में पहुंच जाई। एह इस्थिति में यूपी आ गुजरात बाहर हो जाई। जदि बेंगलुरु हारत बिया, तs यूपी आ गुजरात के उम्मीद बनल रही, काहेकि यूपियो के लगे छव अंक बा आ गुजरात आपन आखिरी मैच जीतके छव अंक तक पहुंच सकत बिया।
  • यूपी खातिर बेंगलुरु आ गुजरात के हारल जरूरी यूपी के टीम चाही कि बेंगलुरु आ गुजरात के टीम आपन-आपन आखिरी मुकाबला बड़ अंतर से हार जाव आ ओकनी के रन रेट यूपी से कम होखे।
  • बेंगलुरु के हार के संगे गुजरात के बड़ अंतर से जीते के होई गुजरात के टीम प्रार्थना करी कि बेंगलुरु के टीम आपन आखिरी मुकाबला में मुंबई से हार जाव। अइसन में गुजरात के 13 मार्च के दिल्ली के खिलाफ बड़ अंतर से जीत हासिल करे के होई।

दीप्ति शर्मा लगवली अर्धशतक, बाकिर टीम हारल

153 रन के टारगेट चेज करे उतरल यूपी के टीम सुरुआती विकेट जल्दी गंवा देलस। एक बेरा टीम के स्कोर 35/5 रहल। अइसन में ऑलराउंडर दीप्ति शर्मा पूनम खेमनार के संगे मोर्चा संभरली। दुनो के बीच 78 बॉल पs नाबाद 109 रन के साझेदारी भइल। दीप्ति शर्मा लगातार तीसरका हाफ सेंचुरी जमवली। ऊ एह लीग में अइसन करे वाली पहिला भारतीय बल्लेबाज बनली। ऊ 60 बॉल पs नाबाद 88 रन बनवली। खेमनार 36 बॉल पs 36 रन के जोगदान देली।

शबनम शकील झटकली तीन विकेट

गुजरात के ओर से शबनम शकील सानदार गेंदबाजी कइली। ऊ अपना कोटा के चार ओवर में 11 रन देके तीन विकेट लेली। एश्ले गार्डनर आ कैथरीन ब्राइस के एक-एक विकेट मिलल।

गुजरात के पारी…

ओपनर्स दिलावल लो मजबूत सुरुआत

ओपनर लौरा वोल्वार्ट आ बेथ मूनी गुजरात जायंट्स के मजबूत सुरुआत दिलावल लो। लौरा 43 आ कप्तान बेथ मूनी नाबाद 74 रन के पारी खेलली। ई जोड़ी पहिला विकेट खातिर 47 बॉल पs 60 रन के साझेदारी कइल।

एह साझेदारी के सोफी एक्लेस्टन वोल्वार्ट के आउट कs के तुड़ली। टीम के बाकी बल्लेबाज खास प्रदर्शन ना कs सकल लो। एक्लेस्टन यूपी खातिर तीन विकेट लेली, जबकि दीप्ति शर्मा के दुगो सफलता मिलल। चमारी अटापट्टू आ राजेश्वरी गायकवाड़ के एक-एक विकेट मिलल।

गुजरात जायंट्स: बेथ मूनी (कप्तान), एश्ले गार्डनर, दयालन हेमलता, हरलीन देओल, लौरा वोल्वार्ट, शबनम शकील, स्नेह राणा, तनुजा कंवर, फीब लिचफील्ड, मेघना सिंह, तृषा पूजिता, सयाली सथगरे, प्रिया मिश्रा, ली ताहुहू, कैथरीन ब्राइस, मन्नत कश्यप, तरन्नुम पठान आ वेदा कृष्णमूर्ति।

यूपी वारियर्ज: एलिसा हीली (कप्तान), अंजलि सर्वनी, दीप्ति शर्मा, ग्रेस हैरिस, किरण नवगिरे, चमारी अटापट्टू, लक्ष्मी यादव, पार्श्ववी चोपड़ा, राजेश्वरी गायकवाड़, यशश्री, श्वेता सहरावत, सोफी एक्लेस्टन, ताहलिया मैक्ग्रा, डेनियल (डैनी) व्याट, वृंदा दिनेश, साइमा ठाकुर, पूनम खेमनार आ गौहर सुल्ताना।

762030cookie-checkगुजरात के जीत से WPL प्लेऑफ के रेस भइल रोमांचक : यूपी के 8 रन से हार; मूनी जमवली अर्धशतक, शबनम के मिलल 3 विकेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.