[the_ad_group id="30365"]

Cyclone Ditwah : श्रीलंका में तबाही मचवला के बाद अब दक्षिण भारत के ओर बढ़ रहल बा दितवाह, मुसलाधार बरसात आ तेज हवा जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Cyclone Ditwah: श्रीलंका में भारी तबाही मचवला के बाद चक्रवात दित्वाह अब तेजी से भारत के दक्षिणी तट के ओर रुख कइले बा। मौसम विभाग के मोताबिक तूफान आज (30 नवंबर) के सबेरे तमिलनाडु आ आंध्र प्रदेश के तट पs पहुंच जाई। एकरा से पहिलही तमिलनाडु के कइयन गो तटीय इलाकन में मुसलाधार बरसात आ तेज हवा चल रहल बा।

चक्रवात दित्वाह तेजी से दक्षिण भारत के तट के ओर बढ़ रहल बा। श्रीलंका में तबाही मचवला के बाद भारत में एकरा के लेके रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। श्रीलंका में एह तूफान से सईयन लोग के मौत भइल बा आ कइयन हो लोग अभियो लापता बा। एकरा बाद ई तूफान भारत के दक्षिणी तट के ओर तेजी से बढ़ रहल बा। मौसम विभाग के कहला अनुसार, अतवार के भोर तक एकरा तमिलनाडु आ आंध्र प्रदेश के तट से टकराये के पुरा संभावना बा। एह तूफान से आंध्र प्रदेश, तमिलनाडु आ पुडुचेरी सबसे जादे प्रभावित हो सकेला।

35 से जादे उड़ान रद्द, ट्रेन सेवा पs पड़ी असर

चेन्नई एयरपोर्ट पs चक्रवात के असर से 35 से जादे फ्लाइट रद्द कs दिहल गइल। कइयन गो ट्रेनन के रूट आ टाइमिंग पs असर पड़ल बा। तमिलनाडु के रामनाथपुरम आ नागपट्टिनम सबसे जादे प्रभावित इलाका बतावल जा रहल बा। रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव चक्रवात के लेके तइयारी आ यात्री सुरक्षा के समीक्षा कइलें।

मौसम विभाग कहलस-
“तूफान उत्तर–उत्तर–पश्चिम दिशा में बढ़त रहल बा आ 30 नवंबर के भोर तक उत्तरी तमिलनाडु, पुडुचेरी आ सटले दक्षिण आंध्र प्रदेश के तट के लगे बंगाल के खाड़ी तक पहुंच जाये के संभावना बा।”
एमे आगे बढ़ावत कहल गइल कि आधा रात तक तूफान तमिलनाडु-पुडुचेरी तट से 60 किमी, भोर तक 50 किमी आ 30 नवंबर सांझ तक 25 किमी दूर रही।

आईएमडी पहिलही चेतावनी दे चुकल बा कि चक्रवात दित्वाह आउर तेज हो सकेला। 29 से 30 नवंबर तक दक्षिण तमिलनाडु आ कावेरी डेल्टा इलाका में भारी बरखा के अनुमान बा।

श्रीलंका में दित्वाह के कहर

  • चक्रवात दित्वाह श्रीलंका में भारी तबाही मचवला के बाद भारत के ओर मुड़ल।
  • राष्ट्रपति दिसानायके आपातकाल लागू कइले
  • अस्पताल, सेना आ राहत एजेंसियन के तेजी से काम करे के आदेस
  • सरकारी रिपोर्ट के मोताबिक 153 लोग के मौत, 171 से जादे लापता
  • हजारन लोग बेघर हो गइल

भारत मदद लेके आगे बढ़ल-
27 टन राहत सामग्री आ बचाव दल भेजल गइल बा। कोलंबो एयरपोर्ट पर फंसल सल भारतीय लोगन खातिर इमरजेंसी हेल्पलाइन सुरू कइल गइल बा।

Read Also: IND vs SA 1st ODI Live Streaming : रोहित-कोहली के खेलत देखे खातिर हो जाईं तइयार, फ्री में अइसे देखीं पहिलका वनडे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]