Mumbai Air Pollution : दिल्ली के बाद मुंबई के हवा भइल जहरीला, AQI 300 के पार; का अब लागू होई वर्क फ्रॉम होम?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 29, 2025

नई दिल्ली। दिल्ली में हवा प्रदूषण के मुद्दा नया नइखे। हर साल जाड़ा सुरू होखतही राजधानी में सांस लेवे में दिक्कत बढ़ जाई। बाकिर अबकि बेर देस के आर्थिक राजधानी कहल जाये वाला मुंबई एयर

Share

Mumbai Air Pollution Update as AQI Crosses 300; Thick Smog Covers City

नई दिल्ली। दिल्ली में हवा प्रदूषण के मुद्दा नया नइखे। हर साल जाड़ा सुरू होखतही राजधानी में सांस लेवे में दिक्कत बढ़ जाई। बाकिर अबकि बेर देस के आर्थिक राजधानी कहल जाये वाला मुंबई एयर पॉल्यूशन (Mumbai Air Pollution) के झंझट में फंस गइल बा। मुंबई के हवा दिन-ब-दिन खराब होत जा रहल बा। आसमान में धुंध छाइल बा आ वायु गुणवत्ता सूचकांक (AQI) तेजी से बढ़त जा रहल बा।

मुंबई के औसत AQI 267 दर्ज कइल गइल बा। बाकिर कुछ इलाका में ई 300 के पार पहुंच गइल बा। एह हालात में बृहन्मुंबई महानगरपालिका (BMC) मुंबई वासी लोगन के चेतावनी जारी कइले बा। ओहिजा, बॉम्बे हाईकोर्ट सरकार के सतर्क रहे के कहलस।

मुंबई में कहां-कतना AQI?

इलाका AQI
मझगांव 305
चाकला-अंधेरी ईस्ट 263
नेवी नगर-कोलाबा 271
मालाड 223
ठाणे 188
नवी मुंबई 186
मीरा-भायंदर 192

BMC के आदेस

मुंबई में वायु प्रदूषण कम करे खातिर BMC 30 नवंबर तक पूरा शहर में ‘रोड क्लीननेस एंड डस्ट कंट्रोल कैंपेन’ चलावत बा। एह अभियान के तहत सड़कन पs पानी के छिड़काव होत बा। एकरा संगे-संगे BMC मुंबई के 50 से जादे कंस्ट्रक्शन साइट पs काम रोक देले बा। BMC शहर में GRAP-4 लागू करे के चेतावनियो देले बा।

बॉम्बे हाईकोर्ट के चेतावनी

दिल्ली के खराब हवा के इस्थिति के देखत बॉम्बे हाईकोर्ट सरकार के फटकार लगावत कहलस-

“हमनी सब केहू देखत बानी सs कि दिल्ली में का हो रहल बा। एकरा से का असर पड़ी?”

हाईकोर्ट सरकार से सख्त कदम उठावे के निरदेस देले बा।

मुंबई में काहे बढ़ रहल बा वायु प्रदूषण?

मुंबई में प्रदूषण बढ़े के सबसे बड़ कारण गाड़ी से निकले वाला धुआं मानल जा रहल बा। मौसम में बदलाव आ हवा के गति धीमा होखे से गाड़ी के धुआं ऊपर रुकेला आ धुंध बनाके हवा के गुणवत्ता खराब कs देला।

एह हाल में लोगन के सलाह देहल जा रहल बा कि:

  • घर में एयर प्यूरीफायर लगाईं
  • बाहर निकले में कमी करीं

Read Also: IND vs SA 1st ODI Live Streaming : रोहित-कोहली के खेलत देखे खातिर हो जाईं तइयार, फ्री में अइसे देखीं पहिलका वनडे

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.