[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 1st ODI : विराट कोहली घर में सबसे जादे 50+ स्कोर बनावे वाला बल्लेबाज बनलें, सचिन तेंदुलकर के पीछे छोड़लें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। रांची में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ भारतीय टीम के स्टार बल्लेबाज विराट कोहली एगो नया इतिहास रच देलें। ऊ अब घर में खेलल जाये वाला वनडे मैच में सबसे जादे बेर 50 से जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी बन गइलें। ई रिकॉर्ड ऊ महान बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर के पछाड़ के बनवलें।
रांची में आज भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका के तीन मैच वाला वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला खेलल जा रहल बा। एह मैच में मेहमान टीम टॉस जीतला के बाद भारत के बल्लेबाजी के नेवता देले बिया।

कोहली के धमाकेदार पारी, मिलल बड़ उपलब्घि

किंग कोहली आज पूरा फार्म में लउकलें। मात्र 48 गेना में ऊ अपना वनडे करिअर के 76वां अर्धशतक ठोक देलें। एकरा संगही ऊ घर में वनडे में सबसे जादे बेर 50+ रन बनावे वाला बल्लेबाज बन गइलें।

घर में 50+ स्कोर बनावे वाला टॉप बल्लेबाज (वनडे)

बल्लेबाज देश घर में 50+ स्कोर
विराट कोहली भारत 59*
सचिन तेंदुलकर भारत 58
जैक्स कैलिस दक्षिण अफ्रीका 46
रिकी पोंटिंग ऑस्ट्रेलिया 45

रोहित-कोहली के शतकीय पार्टनरशिप

रोहित शर्मा आ विराट कोहली दुसरका विकेट खातिर जबरदस्त 100+ रन के पार्टनरशिप बनावल लोग। नांद्रे बर्गर यशस्वी जायसवाल के आउट कs के पहिला झटका देलें। यशस्वी तेज सुरुआत देले रहस, बाकिर ऊ लय कायम ना रख सकलें आ आउट हो गइलें। फेर रोहित-कोहली मिलके पारी संभारल लोग। दुनु बल्लेबाज मिलके 109 गेना में 136 रन जोड़ल।

रोहित शर्मा बढ़िया फॉर्म में दिखत रहलें, बाकिर मार्को यानसेन उनका के LBW आउट कs देले। रोहित 51 गेना पs 57 रन (5 चौका, 3 छक्का) बनवलें।

घर में सबसे जादे रन बनावे वाला जोड़ी -कोहली & रोहित

रोहित-कोहली के जोड़ी अब घर में वनडे में सबसे जादे रन जोड़े वाला जोड़ी बन गइल। दुनु खिलाड़ी मिलके अभी ले 41 पारी में 2598 रन बनवले बा लोग।

घर में वनडे में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाजी जोड़ी

बल्लेबाजी जोड़ी पारी रन (घर में)
विराट कोहली & रोहित शर्मा 41 2598*
कुमार संगकारा & महेला जयवर्धने 57 2596
इयोन मॉर्गन & जो रूट 38 2364
वीरेंद्र सहवाग & सचिन तेंदुलकर 51 2310

Read Also: IND vs SA 1st ODI: एह रेकॉर्ड से मात्र 98 रन दूर बाड़ें रोहित शर्मा, सचिन-कोहली-द्रविड़ के खास लिस्ट में होइहें सामिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]