[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में सड़क किनारे मिलल नवजात लईकी, मां के तलाश जारी

नवजात लईकी के हालत अब इस्थिर बा।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर में सड़क किनारे एगो नवजात लईकी मिलल बिया। ओकर माई-बाप ओकरा के पीपीगंज-जसवाल मार्ग पs कानापार गांव के लगे लावारिस हालत में छोड गइल रहे लो। ओकर रोवे के आवाज सुनके आसपास के लोग पहुंचल तs देखल कि नवजात कपड़न में लिपटल रहे आ ठंडा से कांपत रहे। लोग एकर सूचना पुलिस के दिहल।

सबेरे करीब चार बजे सूचना मिलतही हल्का इंचार्ज अजीत यादव आ महिला कांस्टेबल नीमा यादव मवका पs पहुंचल लो। नवजात लईकी के गंभीर हालत में देखके ओकरा के तुरंत थाना ले आवल गइल। एकरा बाद चाइल्ड केयर सेंटर के सूचित कइल गइल। केयरटेकर निधि त्रिपाठी के मदद से लईकी के जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग ओकर इलाज सुरू कइल।

ठंडा में नवजात लईकी के लावारिस छोड़ल चरचा के विषय

कड़ाका के ठंडा में एह मासूम के सुनसान सड़क किनारे फेंकल क्षेत्र में चरचा के विषय बन गइल बा। लईकी के जिंदा बच गइल कवनो चमत्कार से कम नइखे। डॉक्टरन के मोताबिक लईकी के ठंडा लगला से कुछ परेसानी भइल रहे, बाकिर अब ओकर हालत इस्थिर बा।

इहो पढ़ीं: आईपीएल 2025: मेगा नीलामी में टूटल कइयन गो रिकॉर्ड, 13 साल के खिलाड़ी पs लागल बोली

मां आ परिजनन के तलाश में जुटल पुलिस

पुलिस एह घटना के बहुते गंभीरता से ले रहल बिया। नवजात के एह हालत में छोड़े वाली महिला आ ओकरा परिजनन के तलाश कइल जा रहल बा। पुलिस बतवलस कि कि नवजात के संगे भइल एह अमानवीय हरकत के पीछे के सच्चाई के पता लगावे खातिर गहन जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

पुलिस नवजात लईकी के बचवलस।
पुलिस नवजात लईकी के बचवलस

एह पूरा प्रकरण में हल्का इंचार्ज अजीत यादव, महिला कांस्टेबल नीमा यादव आ चाइल्ड केयर सेंटर के केयरटेकर निधि त्रिपाठी समय पs कार्रवाई करत लईकी के जान बचावल लो। पुलिस के संवेदनशीलता आ तत्परता मासूम के एगो नया जिनगी देलस।

समाज खातिर बड़ सवाल बा नवजात लईकी के छोड़ल 

ई घटना एक बेर फेर समाज के ओह पहलुअन के उजागर कइले बा, जहां मासूम लईकन के एह तरे लावारिस छोड़ दिहल जाला। अइसन ममिलन के लेके जागरूकता आ कड़ा कार्रवाई के जरूरत बा, ताकि भविष्य में एह तरे के घटनन पs लगाम लगावल जा सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]