[the_ad_group id="30365"]

संस्कृति विभाग अउर अमर उजाला के ओर से संगमम् कार्यक्रम आजु से शुरू, डिप्टी CM करिहें उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंतजार के घरी खतम भइल। दू दिवसीय कार्यक्रम ‘संगमम्’ के शुभारंभ सनीचर के उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक दूपहर 12 बजे करिहें। विविधता में एकता के मिसाल ई आयोजन संस्कृति विभाग उत्तर प्रदेश अउर अमर उजाला के संयुक्त तत्वावधान में कइल जा रहल बा।

25 दिसंबर के आयोजन में मुख्य अतिथि होइहें मुख्यमंत्री योगी

पहिले दिन के आयोजन में महापौर संयुक्ता भाटिया विशिष्ट अतिथि होई। साथही कैबिनेट मंत्रियन अउर शहर के गणमान्य नागरिकन के मौजूदगी भी रही।

सनीचर के दूपहर 12 से साँझ सात बजे ले आयोजन होई। एह दौरान जैन, मलयाली, असमिया, मराठा, कश्मीरी, राजस्थानी, पंजाबी, उड़िया, सिंधी, गुजराती, अवधी, भोजपुरी, बंगाली, असमिया, तमिल आदि संस्कृतियन के झलक, खानपान अउर प्रस्तुति देखे के मिली।

एह अवसर पर जिला उद्योग प्रोत्साहन अउर उद्यमिता विकास केंद्र, उत्तर प्रदेश राज्य आजीविका मिशन के सहयोग से विभिन्न उत्पाद के स्टॉलो लगावल जाई।

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]