[the_ad_group id="30365"]

30, 31 दिसंबर अउर 7 जनवरी के होई बीपीएसएसी 67वीं मुख्य परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार लोक सेवा आयोग एह महीना बीपीएसएसी 67वीं मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन के तारीख बढ़वले रहे अउर अब निकाय चुनाव के तारीख के देखत परीक्षा तिथि में भी बदलाव कइल गइल बा। अब 30, 31 अउर 7 जनवरी के 67वीं मुख्य परीक्षा होई।

29 दिसंबर के होखे वाला परीक्षा 7 जनवरी के होई। मतलब, खाली 29 दिसंबर वाली परीक्षा के तारीख बदलल गइल बा। नयका अधिसूचना के अनुसार 30 दिसंबर के सामान्य अध्ययन के दूनों पत्र के परीक्षा होई, 31 दिसंबर के सामान्य हिंदी अउर 7 जनवरी के वैकल्पिक विषय के परीक्षा होई।

बीपीएससी 67वीं प्रारंभिक परीक्षा सितंबर में भइल अउर परिणाम 17 नवंबर के घोषित कइल गइल बा। मुख्य परीक्षा खातिर कुल 11,607 उम्मीदवारन के योग्य घोषित कइल गइल रहल। बिहार राज्य सरकार में 802 पद पर भर्ती खातिर भर्ती अभियान चलावल जा रहल बा। बीपीएससी मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन के समय-सीमा के एही महीना बढ़ा के 10 दिसंबर ले कs दीहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]