[the_ad_group id="30365"]

चीन अउर लैटिन अमेरिका में कोरोना से तबाही, टूटल सब रिकॉर्ड, जानीं भारत में का बा स्थिति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में कोरोना के कहर बढ़ते जा रहल बा। उहां के अस्पतालन से आ रहल तस्वीर पड़ोसी देशन के भी टेंशन बढ़ा रहल बा। सरकार के एक टॉप अथॉरिटी जौन आंकड़ा पेश किइले बा, ऊ चौंकाने वाला बा। अथॉरिटी के अनुसार चीन के सरकारी आंकड़न में संक्रमित मरीजन के संख्या छिपावल जा रहल बा। अथॉरिटी आशंका जतवले बा कि एक दिन में तीन करोड़ से अधिक मामिला सोझे आइल बा। दुनिया में ई आंकड़ा एक्के दिन में सबसे ढ़ेर बा। हालांकि, एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।

भारत में भी बढ़ल कोरोना के मामिला

भारत में बीतल 24 घंटा में कोरोना के 201 नयका मामिला सामने आइल बा जौन कि कल के तुलना में 38 ढ़ेर बा। एही के संगे देश में संक्रमण के कुल मामिला के संख्या 4,46,76,879 हो गइल बा। जबकि उपचाराधीन मरीजन के संख्या बढ़ के 3,397 पs पहुंच गइल बा।

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के सनीचर के बिहाने आठ बजे ले अद्यतन आंकड़न के अनुसार, केरल द्वारा आंकड़न के पुनर्मिलान के बाद मौत के एगो मामिला के मृतकन के सूची में जोड़ले से देश में संक्रमण से जान गंवावे वाले लोग के संख्या बढ़ के 5,30,691 हो गइल बा।

मंत्रालय के मुताबिक, संक्रमण के दैनिक दर 0.15 प्रतिशत अउर साप्ताहिक दर 0.14 प्रतिशत दर्ज कइल गइल। कोविड-19 के पता लगावे खातिर कुल 90.97 करोड़ नमूना के जांच कइल जा चुकल बा। एहमें से 1,36,315 नमूनन के जांच पिछले 24 घंटा में कइल गइल बा। बता देईं कि एहसे पहिले स्वास्थ्य मंत्रालय जौन सुक्क के आंकड़ा पेश कइल गइल ओमें 163 मामिला सोझे आइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]