Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

YouTuber PC Siqueira: मशहूर यूट्यूबर पीसी सिकेरा कइलें खुदकुशी, जानीं का बा पूरा ममिला

आपन जान लवे से पहिले ऊ एगो बड़े विवाद में फंस गइल रहस। उनका पs चाइल्ड पोर्नोग्राफी जइसन संगीन आरोप रहे। साल 2020 में एगो निजी मैसेज के लीक होखला के बाद उनका खिलाफ चलत रहे जांच। 

201

मशहूर यूट्यूबर पाउलो सीजर गौलार्ट सिकेरा (YouTuber PC Siqueira) बुध के खुदकुशी करs लेलें। ऊ 37 साल के रहस। उनका के पीसी सिकेरा के नाम से जानल जाला। बुधवार के उनकर गर्लफ्रेंड उनका अपार्टमेंट में उनका मृत पवली। एगो पड़ोसी उनका के खोजे में मदद कइलस आ पुलिस के बोलावल। मालूम होखे कि साल 2020 में निजी मैसेज के लीक होखला के बाद उनकर जांच चलत रहे। सिकेरा हमेसा ए आरोप से इनकार कइले  रहस।

पीसी सिकेरा के दु मिलियन सब्सक्राइबर्स रहे 

बता दीं कि 37 साल के पीसी सिकेरा अपना मेहनत के दम पs दु मिलियन सब्सक्राइबर्स हासिल कइले रहस। अब उनका निधन के खबर से ऊहो लोग दुखी होंई। मीडिया रिपोर्ट्स के दावा बा कि आपन जान लेवे से पहिले ऊ एगो बड़ विवाद में फंस गइल रहस। उनका पs चाइल्ड पोर्नोग्राफी जइसन संगीन आरोप रहे। एह केस में जांच कइल जात रहे।जब साल 2020 में उनकर प्राइवेट मैसेज लीक भइल रहे तs उनका खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल रहे।

हालांकि, यूट्यूबर एह आरोपन से साफ इनकार कइले रहस। (YouTuber PC Siqueira) ऊ अपना फॉलोवर्स से कहले रहस कि हमरा पs कुछ भयानक आरोप लगावल गइल बा, जवन हम कबो नइखी कइले है आ कबो ना करेम। सिकेरा पs 10 जून, 2020 के छव साल के लईकी के तस्वीरन के शेयर करे के आरोप लगावल गइल रहे। एगो अनजान एक्स अकाउंट फोन स्क्रीन रिकॉर्डिंग जारी कइलस, जेमे सिकेरा के कथित तौर पs अपना एगो दोस्त से ओह बारे में बात करत देखल जा सकत बा जवना पs आरोप लगावल गइल रहे।

(YouTuber PC Siqueira) यूट्यूब चैनल कइले रहस डीएक्टिवेट

कइयन आरोपन के बाद उनकर इमेज एतना खराब हो गइल कि उनका आपन यूट्यूब चैनल डीएक्टिवेट करे के पड़ल। उनकर साथी लोग खुद के उनका के दूर कs लिहल। एतने ना उनकर कोलैबोरेटिव प्रोजेक्ट से पार्टिसिपेशन कैंसिल हो गइल। हालांकि, उनका खिलाफ एह ममिला में पुलिस के कवनो सबूत ना मिलल। एकरा पहिले ए साल के सुरुआत में पीसी सिकेरा आत्महत्या करे के कोसिस कइले रहस बाकिर फायर फाइटर्स ने उनका के बचा लेले रहे लो। एकरा बाद ऊ ओह लोगन के आभारो जतवले रहस।

अभियो चल रहल बा जांच

आरोपन आ लोगन के उनका संगे बर्ताव के बाद उनका मेन्टल हेल्थ पs एकर असर पड़ल। अइसन में ई मानल जा रहल बा कि ऊ एही वजह से आपन जान ले लेले।  (YouTuber PC Siqueira) हालांकि, उनका निधन के बादो चाइल्ड पोर्नोग्राफी ममिला के जांच चल रहल बा। फिलहाल यूट्यूबर के अइसे दुनिया से चल गइला पs उनकर फैंस बहुत दुखी देखाई दे रहल बा लो।

700010cookie-checkYouTuber PC Siqueira: मशहूर यूट्यूबर पीसी सिकेरा कइलें खुदकुशी, जानीं का बा पूरा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.