[the_ad_group id="30365"]

तुर्की में घना कुहासा बरसवलस कहर, आपस में धड़ाधड़ टकराइल कईयो वाहन; दुर्घटना में 10 लोगन के मउत आ 57 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जइसे-जइसे जाड़ा बढ़ेला, कोहरा भी आपन उग्र रूप देखावे लागल बा। तुर्की में घना कोहरा से अतना तबाही मच गइल बा कि एकरा बारे में सुनला के बाद रउरा रोंगटा खड़ा हो जाई। एह सीजन में तुर्की के अधिकतर इलाका घना कोहरा से ढंकल होला आ सड़क पर कम लउके के कारण ड्राइवर लोग के बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़े ला। सड़क पs कम दृश्यता के चलते एक के बाद एक 7 गाड़ी के टक्कर हो गईल। टक्कर एतना भयंकर रहे कि 10 लोग के मउत हो गईल। कई गो गाड़ियन के परखच्चा हो गइल। दर्जन लोग घायल बाड़े, जवना में से बहुत लोग के हालत गंभीर बा।

बीयफ़ें के उत्तर-पश्चिमी तुर्किए में भईल इs घटना। इहाँ के एगो मोटरवे पs सात गाड़ी एक के बाद एक टक्कर में नाहियो त 10 लोग के मउत हो गईल अवुरी 57 लोग घाही हो गईले। मरे वालन के गिनिती अउरी बढ़ सकेला। अधिकारी इs जानकारी देले। अधिकारी बतवले कि इस्तांबुल से करीब डेढ़ सौ किलोमीटर दूर साकार्या प्रांत के उत्तरी मरमारा राजमार्ग पs घना कोहरा अवुरी कम दृश्यता के चलते इs दुर्घटना भईल। उ कहले कि दुर्घटना के जांच शुरू कs दिहल गईल बा।

पहिले एगो गाड़ी ट्रक से टकरा गईल

साकार्या के गर्वनर यासर कराडेनिज बतवले कि शायद अयीसन तब भईल जब कम दृश्यता के चलते एगो गाड़ी ट्रक से टकरा गईल, जवना के बाद पीछे से आवे वाली अवुरी गाड़ी से टकरा गईल। एह हादसा में नाहियो तs तीन गो इंटरसिटी बस शामिल बाड़ी सँ। मउका पs पत्रकारन से बातचीत में कराडेनिज बतवले कि अधिकारी के मानल ​​बा कि कुछ यात्री के मउत तब हो गईल जब उ लोग के दोसरा गाड़ी से टकरा गईल। राज्यपाल बतवले कि घाही में से सात लोग के हालत गंभीर बा। पुलिस अवुरी इमरजेंसी के जवान ए जगह पs मलबा हटावत देखाई देले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]