[the_ad_group id="30365"]

मेक्सिको के एगो पार्टी में बंदूकधारी घुसके मचइले तांडव, गोलीबारी में 6 लोगन के मउत आ 26 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मेक्सिको में नया साल शुरू होखे से महज 3 दिन पहिले मातम मच गइल। बंदूकधारी एगो पार्टी में हंगामा मचवले बाड़े। पार्टी में मस्ती करत लोग के बीच अचानक बंदूकधारी घुस गईले अवुरी गोली चलावे लगले अवुरी दहशत फैलावे लगले। लोग जल्दी-जल्दी आपन जान बचावे खातिर इधर-उधर दौड़े लागल। एह दौरान बहुत लोग के मउत हो गईल अवुरी बहुत लोग घाही हो गईले। एह घटना के खबर बियफे के सबेरे उत्तरी मैक्सिको में मिलल जहाँ तीन गो बंदूकधारी पार्टी में फूट पड़ले आ गोली चला दिहले। ए घटना में अबे ले 6 लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी 26 लोग घाही हो चुकल बाड़े।

मरेवाला में से दु लोग के उमिर 18 साल से कम बा अवुरी घाही में पांच बच्चा शामिल बाड़े। एकरा से बंदूकधारी के खतरनाक मंशा के समझल जा सकता। अपराधी फायरिंग करत घरी बच्चा तक ना बख्शले। सभे घाही के नजदीक के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घाही में से चार लोग के हालत गंभीर बतावल जाता। जबकि 13 लोग के इलाज के बाद छुट्टी दे दिहल गईल। सीमावर्ती राज्य सोनोरा के अभियोजकन के कहना बा कि ई हमला स्यूदाद ओब्रेगॉन शहर में एगो पार्टी के दौरान भइल जहाँ गिरोह के सदस्य पs आशंका बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]