Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

507
  1. बिहार: बिहार उपचुनाव; नीतीश-तेजस्वी के जोड़ी के अग्निपरीक्षा बिहान, मोकामा में बाहुबलियन के प्रतिष्ठा दांव प। गोपालगंज से भाजपा त मोकामा से राजद के भइल रहे एकरा पहिले जीत।
  2. बिहार: बिहार में जल्दी बदली मौसम के मिजाज: तापमान में गिरावट अइला से बढ़ी ठंडी, फिलहाल गया सबसे ठंडा त सीतामढ़ी रहल सबसे गरम।
  3. उत्तर प्रदेश: 100 साल पुरान प्रयागराज के कर्जन ब्रिज प ना जा सकी लो क्षमता से बेसी लोग, सब पूलन के सर्वे के आदेश। ब्रिज प निगरानी के जिम्मा एसीएम आ सीएम के।
  4. उत्तर प्रदेश: दुर्दांत विकास दुबे के अवैध कमाई प शिकंजा, ईडी 10 करोड़ से बेसी के संपति जब्त कइलस। एह संपतियन के ऊ अपना रिश्तेदारन आ सहयोगियन के नाम प किनले रहे।
  5. झारखंड: ED के समन भेजला के ममिला में बोललें CM हेंमत सोरेन- हम घबरानी ना, विपक्ष के अनुरोध प चल रहल बा कारवाई।
  6. ओरवा के बिना टेंडर दिहल गइल रहे मोरबी पुल के कॉन्ट्रैक्ट: कंपनी जंग लागल केबल तक के ना बदललस, भार बढ़ल त ऊ टूट गइल। गुजरात पुलिस के दिहल हलफनामा में भइल खुलासा।
  7. ट्विटर के कमाई के अड्डा बनइहें भारतवंशी श्रीराम कृष्णन: ब्लू ठीक खातिर मालिक मस्क बोलले- शिकायत करत रहs लो, पईसा त देवे के पड़ी।
  8. SEWA के संस्थापक इला भट्ट के निधन, पद्मश्री आ पद्मभूषण से सम्मानित कइल गइल रहलीं। 1972 में सेल्फ इम्प्लॉइड वीमन एसोसिएशन के स्थापना कइलें रहलीं।
  9. तालिबान छात्रा लोगन प कोड़ा बरसवलस: लईकी लोग बुर्का के विरोध में यूनिवर्सिटी के बाहर करत रहे लो विरोध प्रदर्शन।
  10. रोमांचक मुकाबला में भारत 5 रन से जीतल: आखिरी ओवर में जीत खतिर चाहत रहे 20 रन, अर्शदीप देलें 14 रन, कोहली आ केएल राहुल बनवले रहे लो पहिला पारी में अर्धशतक।
367800cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.