[the_ad_group id="30365"]

कोरोना वायरस: चीन में मिलल कोरोना के दू नयका सब वैरिएंट केतना खतरनाक, केतना बड़हन बा दुनिया खातिर ई खतरा ?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में कोरोनावायरस के दू नयका सबवैरिएंट मिलल बा। एके BF.7 अउर BA.5.1.7 नाम दिहल गइल बा। दुनहूँ सबवैरिएंट काफी संक्रामक बा। BF.7 सबवैरिएंट चीन के कई प्रांत में फैल चुकल बा। अब चीन सरकार एकरे रोकथाम खातिर कोशिश में जुट गइल बा।

चीन के स्थानीय रोग रोकथाम अउर नियंत्रण केंद्र के उप निदेशक ली शुजियान एके ले के मीडिया के सोझे आपन बात रखलें। ऊ कहलें ‘BF.7 सब वैरिएंट के पुष्टि सबसे पहिले उत्तर पश्चिमी चीन में चार अक्तूबर के भइल रहे। एकरे अलावा BA.5.1.7 वैरिएंट के पुष्टि भी हो गइल बा।

केतना खतरनाक बा दूनों सबवैरिएंट? 

चीनी मीडिया ग्लोबल टाइम्स के अनुसार, ‘ओमिक्रॉन के बीएफ.7 अउर बीए.5.1.7 सब-वैरिएंट चीन के कई प्रांत में फैल चुकल बा। बीए.5.1.7 पहिला बेर चीन में पावल गइल। ओमिक्रॉन के ई दूनों सब वैरिएंट काफी खतरनाक बा। ‘ ग्लोबल टाइम्स स्थानीय विशेषज्ञ के हवाले से बतवले बानें कि ओमिक्रॉन बीए.5.1.7 काफी तेजी से फैलsता। लोग के एसे संक्रमित होखे के आशंका बेसी बा।’

ग्लोबल टाइम्स आगे पश्चिमी मीडिया के रिपोर्ट के हवाले से सबवेरिएंट BA.5 के जानकारी देहले बानें। एकरे अनुसार, ई सब वैरिएंट ही अमेरिका, ब्रिटेन अउर कई अन्य देश में हाहाकार मचा दिहले रहे। लाखों लोग एह सब वैरिएंट के चपेट में आ चुकल बाने। ई तेजी अउरी आसानी से फइलsला। चिंता के बात ई बा कि इम्यून लेवल पर भी प्रहार करsला अउर अगर केहू वैक्सीन लगवा चुकल बा त ओके भी एसे संभल के रहले के जरूरत बा।

WHO का कहलस ?
ओमिक्रॉन के दूनों नयका सब वैरिएंट के ले के विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) भी चिंतित रहल। संगठन के ओर से चेतावनी जारी कइल गइल बा। कहल गइल बा कि ई सब वैरिएंट जल्दिए नयका संस्करण बना सकsता। अगर समय रहते एके रोकथाम खातिर उपाय नाइ कइल गइल त ई जल्दिए पूरा चीन के अपने चपेट में ले सकsता। दुनिया के अन्य हिस्सा में भी एकरे फैलने के आशंका बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]