Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

340
  1. बिहार: तेजप्रताप बिहार उपचुनाव के लेके कइले भविष्यवाणी, बोलले- ना खिली कमल, केंद्रो में होई महागठबंधन सरकार। पर्यावरण मंत्री तेजप्रताप यादव कहले- बिहार में महागठबंधन के सरकार बनला के बाद से भाजपा नेता बेचैन बा लो। भाजपा नेता लोगन द्वारा कइल जा रहल बयानबाजी के महागठबंधन प कवनो असर नइखे पड़े वाला।
  2. बिहार: अर्धसैनिक बलन में 7052 पदन प चार जनवरी तक करीं बहाली, पटना हाईकोर्ट देलस निरदेस: हाईकोर्ट केंद्रीय अर्धसैनिक बलन सीआरपीएफ, बीएसएफ, एसएसबी, सीआइएसएफ आइटीबीपी में बचल 7052 पद प चार जनवरी तक बहाली क लेवे के आदेस देले बा।
  3. उत्तर प्रदेश: योगी कैबिनेट में आज रखल जाई कइयन गो महत्वपूर्ण प्रस्ताव, छव गो नया नीतियन प लाग सकेला मुहर। इलैक्ट्रिक वेहिक्ल नीति प लाग सकेला मुहर। एकरा माध्यम से सरकार प्रदेश में इलेक्ट्रिक वाहनन के निर्माण आ संचालन के बढ़ावा दिहल चाहत बिया।
  4. उत्तर प्रदेश: कांग्रेस में सत्ता के विकेन्द्रीकरण के आवाज उठावे लखनऊ आज अइहें शशि थरूर। मल्लिकार्जुन खड़गे के खिलाफ कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर बाड़े चुनावी मैदान में।
  5. झारखंड: झारखंड के शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो तक पहुंचल ईडी के जांच के आंच, रडार प आइएएस आ आईपीएस अधिकारी ले। जगरनाथ महतो, उनकर पीए पवन कुमार, पूर्व आईएएस केके खंडेवाल, दिलीप झा, गिरिडीह एसपी अमित रेणु आ गिरिडीह एसडीपीओ अनिल कुमार समेत कुछ कारोबारियन के जानकारी ईडी मंगले बिया।
  6. आमिर खान के विज्ञापन प विवाद: बियाह के बाद गृह प्रवेश करत लउकले। विज्ञापन एगो निजी बैंक के ह, एक्ट्रेस कियारा आडवाणी बाड़ी साथे। संस्कृति बचाओ मंच देलस चेतावनी।
  7. खड़गे बोलले: बकरीद प बचेम, तब मोहर्रम में नाचेम: पीएम के फेस बनला के सवाल प मुहावरा में देले जवाब। खड़गे के निशाना प बीजेपी- जहां-जहां कांग्रेस के सरकार आइल, मोदी आ शाह मिलके हमनी के विधायक चोरा लिहल लो।
  8. नीरव मोदी के भारत में जान के खतरा: लंदन हाईकोर्ट से गुहार- उहां मारल जाई भा आत्महत्या क लेम। 2009 में मुंबई के अदालत भगोड़ा घोषित कइलस। PNB में 14 हजार करोड़ के धोखाधड़ी के आरोप, भगोड़ा घोषित होखे वाला देश के दूसरा आर्थिक अपराधी।
  9. नोटबंदी प केंद्र सरकार आ RBI के नोटिस: SC कहलस- 9 नवंबर तक जवाब देवे के कहलस। कवना कानून के तहत 1000 आ 500 रुपिया के नोट बंद कइल गइल रहे बतावे के कहलस।
  10. 120 बॉल के खेल के 250 करोड़ लोग दीवाना: टी-20 क्रिकेट के दुनिया के दूसरा सबसे लोकप्रिय खेल बनवलस, अब ओलम्पिको दूर ना।
353740cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.