[the_ad_group id="30365"]

संयुक्त राष्ट्र: चलत रहे यूक्रेन संकट प चरचा, पाकिस्तान उठा देलस कश्मीर के मुद्दा, भारत जमके लतड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संयुक्त राष्ट्र महासभा में पाकिस्तान के नापाक हरकत एक बार फेर से सामने आइल बा आ एकरा खातिर भारत एक बेर फेर से ओकरा के लताड़ लगा देले बा। दरअसल, महासभा में यूक्रेन आ रूस युद्ध के मुद्दा प बहस चलत रहे आ पाकिस्तानी राजनयिक मुनीर अकरम लगातार कश्मीर के स्थिति से रूस-यूक्रेन युद्ध के तुलना करत रहस। एकरा बाद संयुक्त राष्ट्र में भारत के स्थायी प्रतिनिधि रुचिरा कंबोज जमके लताड़ लगा देली। रुचिरा कंबोज कहली कि संयुक्त राष्ट्र महासभा में यूक्रेन आ रूस युद्द जइसन गंभीर मुद्दा प बहस हो रहल बा बाकिर हमेनी के आश्चर्य हो रहल बा कि फेर एगो प्रतिनिधिमंडल के द्वारा एह मंच के दुरुपयोग कइल जा रहल बा। हमरा देश के खिलाफ तुच्छ आ व्यर्थ टिप्पणी कइल जा रहल बा।

पाकिस्तान सामूहिक अवमानना के पात्र: रुचिरा कंबोज

कंबोज कहले कि बेर-बेर झूठ बोले वाली मानसिकता धारण करे वाला देश हमेशा सहानुभूति लेवे के कोसिस करत बा बाकिर एहसे कवनो फायदा नइखे। उ कहली कि एह तरह के बयान के बाद पाकिस्तान सामूहिक अवमानना के पात्र बा। जम्मू आ कश्मीर के पूरा क्षेत्र हमेशा भारत के अभिन्न आ अविभाज्य हिस्सा रही, चाहे पाकिस्तान के प्रतिनिधि चाहे भा चाहे जवन कुछु माने। हम पाकिस्तान से आतंकवाद के रोके खातिर क़हत बानी ताकि हमनी के नागरिक अपना जिनगी आ स्वतंत्रता के अधिकार के आनंद ले सके लो।

संयुक्त राष्ट्र महासभा में यूक्रेन-रूस युद्ध के लेके वोटिंग

बता दीं कि एकरा पहिले संयुक्त राष्ट्र महासभा (UNGA) बुध के चार यूक्रेनी क्षेत्रन के रूसी कब्जा के निंदा करत एगो प्रस्ताव पारित कइलस। एह प्रस्ताव के पक्ष में 143 सदस्य मतदान कइलस जबकि पांच विरोध में वोट देलस। ओहिजा, भारत सहित 35 देश मतदान में भाग लेवे से परहेज कइल। ई प्रस्ताव रूस द्वारा सुरक्षा परिषद में एह तरह के एगो प्रस्ताव के वीटो करे के कुछ दिन बाद आइल बा, ओह प्रस्ताव से भारत परहेज कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]