[the_ad_group id="30365"]

नीतू सिंह के शो कॉज करी कांग्रेस : विधायक कहले रहली- नवादा से टिकट दी..तs बीजेपी जॉइन करेम; पार्टी कs सकत बिया निष्कासित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नवादा जिला के हिसुआ से कांग्रेस विधायक नीतू सिंह सुक के पत्रकारन से बात करत कहले रहली कि बीजेपी जदि उनका के नवादा लोकसभा सीट से टिकट देत बिया तs हमहूं बीजेपी जॉइन कs सकत बानी। अब कांग्रेस विधायक नीतू सिंह से पार्टी शो कॉज करे जा रहल बिया। जानकारी के मुताबिक, पार्टी नीतू सिंह से जवाब तलब कs सकत बिया।

नीतू सिंह के बयान अइसन समय पs आइल बा, जब महागठबंधन के सात विधायक एनडीए में सामिल हो चुकल बा लो। एमे कांग्रेस के दुगो विधायको सामिल बा लो। अइसन में नीतू सिंह के ई बयान प्रेशर पॉलिटिक्स के ओर इशारा बा।

ओहिजा, बागी विधायकन भा फेर बागी जइसन स्वर रखे वाला विधायकन पs कांग्रेस कार्रवाई करे के मन बनवले बिया। कांग्रेस विधायक सिद्धार्थ सौरभ आ मुरारी गौतम के पाला बदले के लेके पार्टी पहिलही विधानसभा स्पीकर से दुनो के सदस्यता रद्द करे के मांग कइले रहे।

कांग्रेस विधायक के प्रेशर पॉलिटिक्स

कांग्रेस विधायक नीतू सिंह कांग्रेस पs लगातार नवादा से लोकसभा के टिकट देवे के दबाव बना रहल बाड़ी। एह प्रेशर पॉलिटिक्स के चलते ऊ बीजेपी से नवादा लोकसभा सीट के डिमांड कइली आ कहली अगर बीजेपी उनका के नवादा से टिकट देत बिया तs बीजेपी जॉइन कs लिहें। एह बीच नीतू सिंह के डिप्टी सीएम विजय सिन्हा के संगे एगो तस्वीरो सामने आइल बा।

कांग्रेस विधायक दल के नेता का कहलें

अब कांग्रेस नीतू सिंह से स्पष्टीकरण मांगे के तइयारी में बिया। कांग्रेस विधायक दल के नेता डॉ. शकील अहमद खान भास्कर से कहलें कि पार्टी नीतू सिंह से शो कॉज करे जा रहल बिया। अब कांग्रेस विधायक के एह बात के डर बा कि कहीं ऊ बयानबाजी के चक्कर में कांग्रेसो के ना खो बइठस। हालांकि, उनकर पति के कहनम बा कि हमनी के पुरान कांग्रेसी हई सs। नीतू सिंह के पति के गिनती दबंगन में होला।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]