Lok Sabha Elections 2024: आसनसोल से चुनाव लड़िहे भोजपुरी गायक पवन सिंह, भाजापा पश्चिम बंगाल से देलस टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

Lok Sabha Elections 2024: आगामी लोकसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी (BJP) शनिचर के आपन 195 उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कर देलस। भाजपा आपन पहिलका सूची में पश्चिम बंगाल से 20 गो उम्मीदवारन के

Share

Lok Sabha Elections 2024: आगामी लोकसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी (BJP) शनिचर के आपन 195 उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कर देलस। भाजपा आपन पहिलका सूची में पश्चिम बंगाल से 20 गो उम्मीदवारन के नाम के एलान कर देले बिया। पार्टी आसनसोल से भोजपुरी गायक पवन सिंह के मैदान में उतरले बिया। ओहिजा पार्टी निशिथ प्रमाणिक के कूच बिहार से टिकट देले बिया।

भाजपा के केंद्रीय नेतृत्व आगामी लोकसभा चुनाव खातिर शनिचर के साँझि खा बंगाल सहित 16 राज्यन के 195 प्रत्याशियन के नामन के पहिलका लिस्ट जारी कर देलस। पहिला सूची में बंगाल के 42 में से 20 लोकसभा सीटन खातिर उम्मीदवारन के नाम के घोषणा कइलस।

ओहिजा, बंगाल विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी के भाई सौमेंदु अधिकारी के भाजपा पूर्व मेदिनीपुर जिला के कांथी सीट से उम्मीदवार बनवलस, जहां से अबहीं उनकर वयोवृद्ध पिता शिशिर अधिकारी सांसद बाड़न।

पवन सिंह के नाम पऽ कई दिन से चलतऽ रहें चर्चा

चलत रहें। आसनसोल में पवन सिंह के बिहारी बाबू यानी की शत्रुघ्न सिन्हा से मुकाबला हो सकत बा। शत्रुघ्न सिन्हा राज्य में सत्तारूढ़ तृणमूल के टिकट पऽ आसनसोल से बाबुल सुप्रियो के इस्तीफा के बाद भइल उपचुनाव में जीतल रहलें आ फिलहाल सांसद बाड़न। ए बेरी तृणमूल फेर से उनका के उतारे के तइयारी में बिया, अइसे में आसनसोल में फिल्मी स्टार यानी पवन सिंह आ बिहारी बाबू आमने-सामने हो सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.