Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BJP के 155 कैंडिडेट्स के लिस्ट आज आ सकत बा : मोदी वाराणसी, गांधीनगर से शाह; ग्वालियर से सिंधिया, भोपाल से शिवराज के उतारे के तइयारी

314

भारतीय जनता पार्टी 2024 के लोकसभा चुनाव खातिर उम्मीदवारन के पहिला लिस्ट आज जारी कs सकत बिया। सूत्रन के मोताबिक, लिस्ट में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सहित करीब 155 लोगन के नाम सामिल होखे के चरचा बा।

PM मोदी के वाराणसी, अमित शाह के गांधीनगर, राजनाथ सिंह के लखनऊ, स्मृति ईरानी के अमेठी, धर्मेंद्र प्रधान के ओडिशा के संबलपुर, ज्योतिरादित्य सिंधिया के ग्वालियर भा गुना-शिवपुरी, शिवराज सिंह चौहान के भोपाल भा विदिशा आ संबित पात्रा के ओडिशा के पुरी से टिकट दिहल जा सकत बा।

एकरा अलावे भिवानी बल्लभगढ़ से भूपेंद्र यादव, डिब्रूगढ़ से सर्बानंद सोनोवाल, राजौरी-अनंतनाग से रविंद्र रैना, कोटा से ओम बिड़ला, नॉर्थ-ईस्ट दिल्ली से मनोज तिवारी, पश्चिमी दिल्ली से परवेश वर्मा आ आसनसोल से भोजपुरी सिंगर आ एक्टर पवन सिंह के चुनावी मैदान में उतारल जा सकत बा।

दिल्ली में बियफे (29 फरवरी) के भाजपा मुख्यालय में केंद्रीय चुनाव कमेटी (CEC) के बैठक भइल रहे। एमे 17 राज्यन के 155 लोकसभा सीटन पs देर रात 11 बजे से 3:15 तक, करीब 4 घंटा तक मंथन भइल। एह बैठक में PM मोदी, अमित शाह, राजनाथ सिंह के अलावे BJP शासित राज्यन के CM मवजूद रहे लो।

UP में सहजोगियन के 6 आ झारखंड में AJSU के एक सीट दी भाजपा

चुनाव समिति के भइल मीटिंग में NDA के सहजोगी दलन के संगे सीट शेयरिंग पs चरचा भइल बा। सूत्रन के मोताबिक, उत्तर प्रदेश के 80 लोकसभा सीटन में से भाजपा अपना दल, RLD आ आउर पार्टियन के 6 सीट दे सकत बिया। एकरा अलावे झारखंड के 14 लोकसभा सीटन में से AJSU खातिर एकमात्र गिरिडीह सीट छोड़ी।

असम के 14 लोकसभा सीट: 11 पs भाजपा, 3 पs सहजोगी उतरी 

असम के 14 लोकसभा सीटन पs भाजपा के सहजोगी दलन से समझौता हो गइल बा। भाजपा असम में 11 सीटन पs चुनाव लड़ी, जबकि दु सीटन पs असम गण परिषद (AGP) आ एगो सीट पs यूनाइटेड पीपुल्स पार्टी लिबरल (UPPL) उम्मीदवार उतरी। AGP बारपेटा आ धुबरी, तs UPPL कोकराझार से कैंडिडेट उतारी।

पंजाब, आंध्र आ तमिलनाडु में अभियो गठबंधन पs चरचा 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पार्टी कार्यकर्ता लोगन से कहलें कि ऊ भाजपा खातिर 370 आ NDA खातिर 400 प्लस सीटन के तैयारी के संगे काम करे लो। एकरा लेके पुरान सहजोगियन के साधे पs मीटिंग में चरचा भइल।

एकरा खातिर पंजाब के पुरान सहजोगी अकाली दल, आंध्र प्रदेश में TDP आ जनसेना, तमिलनाडु में AIADMK के फेर से NDA में ले आवे पs बातचीत भइल। एह राज्यन के सीटन के फिलहाल होल्ड पs रखल गइल बा। अगर गठबंधन पs बात बनल तs पार्टी ओहि आधार पs सीटन के बंटवारा करीं, ना तs अकेले मैदान में उतरी।

संभावना- 2019 से 33% जादे महिला प्रत्याशी होई लो

अबकी बेर भाजपा लोकसभा चुनाव में सबसे जादे महिला प्रत्याशी उतारे के तैयारी में बिया। बुध (28 फरवरी) के पार्टी के कोर ग्रुप के बैठक में एह पs सहमति बनल। बैठक में केंद्रीय मंत्री निर्मला सीतारमण, स्मृति ईरानी सहित रिकॉर्ड संख्या में महिला लोगन के कहां से उतारल जाव, एहु पs मंथन भइल।

एगो वरिष्ठ नेता बतवलें कि अबकी बेर महिला प्रत्याशियन के संख्या पिछला बेर से 33% जादे होई। 2019 में 53 महिला भाजपा के टिकट पs लोकसभा चुनाव में उतरल रहे। 33% जादे के हिसाब से 70 महिला लोगन के टिकट मिल सकत बा। एकरा पहिले कोर ग्रुप के बैठक में 23 राज्यन के संभावित प्रत्याशियन के सूची रखल गइल। नया चेहरन पs चरचा भइल।

10 मार्च तक 50% सीटन पs प्रत्याशियन के ऐलान के योजना

सूत्रन के मानीं तs भाजपा 10 मार्च तक 50 फीसदी लोकसभा सीटन पs उम्मीदवारन के नाम के घोषणा कs सकत बा। 2019 के चुनाव में पार्टी इहे कइले रहे। पिछला बेर लोकसभा चुनाव के तारीखन के घोषणा से कुछ हफ्ता पहिले भाजपा 21 मार्च के 164 सीटन पs उम्मीदवारन के नाम के ऐलान कs दिहल गइल रहे।

753090cookie-checkBJP के 155 कैंडिडेट्स के लिस्ट आज आ सकत बा : मोदी वाराणसी, गांधीनगर से शाह; ग्वालियर से सिंधिया, भोपाल से शिवराज के उतारे के तइयारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.