मालदा में दिनदहाड़े कांग्रेस नेता के हत्या, गोली से भूनलस, बम से भी हमला

क्राइम: फोटो

Share

 

 

अतवार के सबेरे पश्चिम बंगाल के मालदा में कुछ बदमाश एगो कांग्रेसी नेता के दिनदहाड़े हत्या कs दिहले. एह घटना से आसपास के इलाका में दहशत मचल बा। घटना के सूचना मानिकचक के धरमपुर स्टैंड के नजदीक स्थित बाजार से मिलता। बतावल जाता कि मरेवाला के नाम शेख सैफुद्दीन बतावल जाता, जवन कि कांग्रेस से जुड़ल रहले। मरेवाला कांग्रेस नेता के बेटा के मुताबिक अतवार के सबेरे करीब 9 बजे उनुकर पिता मानिकचक गईल रहले। एही बीच नकाबपोश बदमाश कांग्रेस नेता के घेरले अवुरी उनुका पs अंधाधुंध गोलीबारी कईले।

जानकारी के मुताबिक एs दौरान बदमाश बम से हमला भी कईले। एs हमला में कांग्रेस नेता के मौका पs मउत हो गईल। मरेवाला के बेटा टीएमसी समर्थित अपराधी पs एs हमला के आरोप लगवले बा। बेटा के आरोप बा कि एs घटना में गोपालपुर इलाका के तृणमूल कांग्रेस के अध्यक्ष शेख नासिर शामिल बाड़े। उनुका नेतृत्व में ही बदमाश अपराध कईले अवुरी हमरा बाबूजी के बेरहमी से हत्या कs देले।

मौका पs भारी पुलिस बल तैनात

फिलहाल घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के शव के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। मौका पs भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। हालांकि एs घटना के लेके पुलिस के ओर से अबे ले कवनो बयान जारी नईखे भईल, बाकिर मामला के गंभीरता के देखत पुलिस के पता चलता कि एs घटना के पीछे के बा।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-