[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस के आरोप- पार्टी के कइयन खाता फ्रीज कइल गइल: अजय माकन बोललें- इनकम टैक्स डिपार्टमेंट 210 करोड़ रुपिया के रिकवरी निकललस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस पार्टी के बैंक खातन के सीज करे के आरोप लगवले बिया। कांग्रेस के राष्ट्रीय कोषाध्यक्ष अजय माकन सुक के प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के आरोप लगवलें कि इनकम टैक्स यूथ कांग्रेस आ कांग्रेस पार्टी से 210 करोड़ रुपिया रिकवरी मंगले बा।

माकन कहलें- हमनी के बियफे के जानकारी मिलल कि बैंकन कावर से पार्टी के जारी कइल गइल चेक रोक दिहल गइल बा। ऊ हमनी के चेक क्लीयरैंस नइखे कs रहल। कांग्रेस पार्टी के खाता के सीज कs दिहल गइल बा। एकरा अलावे क्राउड फंडिंग वाला अकाउंटो फ्रिज कs दिहल गइल बा।

कांग्रेस के कोषाध्यक्ष अजय माकन कहलें- अभी हमनी के लगे बिजली के बिल भरे खातिर आ अपना कर्मचारियन के वेतन देवे खातिर पईसा नइखे। अकाउंट फ्रीज होखला के कारण ना खाली भारत जोड़ों न्याय यात्रा बलुक पार्टी के सब राजनीतिक गतिविधि प्रभावित होइहें सs। ई लोकतंत्र के फ्रिज करे जइसन बा।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]