[the_ad_group id="30365"]

Farmers Protest: ‘ ई एगो राजनीतिक बयान हऽ, आंदोलन करे के ई तरीका ठीक नइखे’; डल्‍लेवाल के वायरल वीडियो पऽ भड़कले मनोहर लाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Farmers Protest भाकियू प्रधान डल्‍लेवाल के पीएम मोदी के ग्राफ नीचे लिआवे वाला बयान पऽ हरियाणा के मुख्‍यमंत्री मनोहर लाल आपन प्रतिक्रिया देले बाड़न। सीएम मनोहर कहले हऽ कि ई एगो राजनीतिक बयान हऽ। जदि अतना बड़हऽन विरोध प्रदर्शन कइल गइल तऽ का लोग पीएम मोदी के समर्थन कइल बंद करऽ दी ? उहें सीएम आगे कहलन कि जनता में में ई बातो फइल रहल बा कि किसानन के जड़िये जवन आंदोलन कइल जाता ई सही तरीका नइखे।

मनोहर लाल पंजाब सरकार पऽ सधले निशान

मुख्‍यमंत्री किसान आंदोलन के लेके प्रेस कॉन्‍फ्रेंस कइले। एही घरी सीएम किसानन के ए तरीका के प्रदर्शन के पूरा तरह से गलत ठहरवले। उऽ कहले कि किसानन के मांग केंद्र सरकार से बा ना की हरियाणा सरकार से। साथहि मुख्‍यमंत्री पंजाबो सरकार पऽ निशाना सधले हऽ। उऽ कहले कि दिल्‍ली जाए खातिर किसान लो अपना ट्रैक्‍टर पऽ एक महीने के राशन लेके जा रहल बा, का उनका लोग के सोंच सही बा ?

उहें मनोहर लाल पंजाब सरकार पऽ तंज कसके बोलले कि मान सरकार पहिले हरियाणा सरकार के देखे कि हमनी अपना किसानन खातिर कतना काम कइले बानी। आप सरकारो के आपना किसानन के जादे से जादे एमएसपी देवे के चाहीं।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]