[the_ad_group id="30365"]

RajyaSabha Election 2024: राज्यसभा चुनाव में भाजपा चललस बड़ चाल,  ई चार गो राज्यन में विपक्ष के हो सकऽता नुकसान 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

RajyaSabha Election 2024:

भाजपा कई गो राज्यन में जादे उम्मीदवार उतार के कांग्रेस खातिर मोकाबला कठिन बना देले बिया। भाजपा आपन सब उम्मीदवारन के सूची जारी कऽ देले बिया। सूची में नया चेहरन के मौका देले बिया। एमें 28 में से 24 गो नया चेहरा बा।

खाली चार गो पुरान सांसद लो के मौका मिलल

भाजपा जवन चार गो सांसदन के दौबारा उतरले बिया ओमें राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, केंद्रीय मंत्री एल मुरुगन, केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव आ भाजपा प्रवक्ता सुधांशु त्रिवेदी के नाम शामिल बा।

ई नेता लो के लोकसभा भेजे के तइयारी 

भाजपा कई बेर पहिलहीं ई साफ कइले बिया कि उऽ कई गो बड़ नेता लो के ए बेर राज्यसभा के जगहि लोकसभा चुनाव लड़ाई । राज्यसभा उम्मीदवारन के सूची के बाद ई साफो हो गइल बा। अब केंद्रीय मंत्री मनसुख मंडाविया, नारायण राणे, धर्मेंद्र प्रधान, भूपेंद्र यादव, पीयूष गोयल जइसन वरिष्ठ नेता लो के लोकसभा चुनाव में उतारे के तैयारी बा।

यूपी आ हिमाचल में होई दिलचस्प मुकाबला

भाजपा अबकी बेर यूपी आ हिमाचल से एक-एक गो जादा उम्मीदवार उतार के विपक्षी खेमा में डाल सकत बिया। दरअसल, भाजपा के ए दांव से यूपी में एसपी के एगो सीट फंस सकत बा, तऽ ओहिजा हिमाचल में कांग्रेस के अभिषेक मनु सिंघवी के सीट फंस सकत बा।

हिमाचल में कांग्रेस के क्रॉस वोटिंग के डर

हिमाचल में वइसे तऽ कांग्रेस के लगे पूरा संख्याबल बा, बाकिर इहवाँ एगो पेंच फंस सकत बा। दरअसल, 68 सदस्य असेंबली में कांग्रेस के लगे 40 तऽ भाजपा के लगे 25 विधायक बा। कांग्रेस के इहाँ जीत खातिर 34 गो विधायक चाहीं, बाकिर पार्टीयन में असंतोष के चलते इहाँ क्रॉस वोटिंग के खतरा बा। कांग्रेस में वइसहु  क्रॉस वोट के पुराना इतिहास रहल बा।

कर्नाटक आ महाराष्ट्र में हो सकेला खेल

कर्नाटक में चार सीटन पऽ चुनाव बा आ इहाँ तीन सीट कांग्रेस आ एगो सीट पऽ भाजपा आ जेडीएस गठबंधन के जीतल तय मानल जाता। कांग्रेस कर्नाटक से अजय माकन, अनिल कुमार यादव आ नासिर हुसैन के उम्मीदवार बनवले बिया। उहें भाजपा-जेडीएस दू गो उम्मीदवार उतरले बिया। भाजपा  नारायणसा बांगडे के तऽ जेडीएस पूर्व राज्यसभा सदस्य डी.कुपेंद्र रेड्डी के उतरले बिया। महाराष्ट्र में कांग्रेस के एगो मात्र सीट जाए के डर बा। जदि कांग्रेस में टूट होता तऽ उम्मीदवार चद्रकांत हंडोरे फंस सकत बाड़े।

यूपी में सबसे दिसचस्प मुकाबला

यूपी में अबकि बेर के राज्यसभा चुनाव सबसे दिलचस्प होखे जाता। इहाँ कुल 10 सीट बा, जहां नंबर गेम में भाजपा के 7 तऽ सपा के तीन मिलत लउक रहल बा। बाकिर सपा जब आपन तीसरका उम्मीदवार उतरलस तऽ पार्टी में बगावत शुरू हो गइल आ एकर फायदा उठावे खातिर भाजपा आपन आठवां उम्मीदवार  संजय सेठ (Sanjay Seth) के उतार देलस।

इहाँ बता दी कि यूपी में एगो उम्मीदवार के जीत खातिर 37 वोट चाहीं। सपा के 111 विधायकों के जरूरत बा, बाकिर ओकरा लगे 108 विधायक लो बा। कांग्रेस के दुगो विधायकन के समर्थन मिलला के बादो सपा के एगो विधायक के जरूरत होई । माने कि सपा के लगे तीसरा उम्मीदवार जीतावे के नंबर नइखे।

दोसरा ओर भजपो के लगे आठवां उम्मीदवार जीतावे के नंबर नइखे, बाकिर आरएलडी आ क्रॉस वोटिंग से उऽ खेल कर सकत बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]