Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

585
  1. बिहार: RCP सिंह जल्दिये BJP में होइहें, शुभ मुहूर्त के इंतेजार, 2 दिन से दिल्ली में डलले डेरा, बड़ नेता लोगन से करिहें मुलाकात।
  2. बिहार: भारत से नेपाल में पेट्रोल-डीजल के तस्करी, बिहार के बॉर्डर से रोज 2 लाख लीटर पेट्रोल डीजल जात बा नेपाल; 200 पेट्रोल पंप से ढुलाई
  3. उत्तर प्रदेश: खुद के आग लगाके भाजपा प्रदेश कार्यालय में घुसल जुवक, गंभीर हालात में सिविल में भरती।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी के आज गाजियाबाद आ बुलन्दशहर के दौरा, विकास परियोजनन के करिहें समीक्षा।
  5. झारखंड: सोरेन के विधायकी पs आज जारी होई नोटिफिकेशन: रातभर विधायकन के भइल काउंटिंग, BJP के दावा- CM के खिलाफ दर्ज हो सकत बा केस।
  6. नीरज चोपड़ा लुसाने डायमंड लीग में जीत दर्ज कइलें: ई खिताब जीते वाला पहिला भारतीय, वर्ल्ड चैंपियनशिप में सिल्वर जितवले रहस।
  7. कोरोना के बाद बदलल सर्दी के लक्षण: अब सामान्य सर्दी-बुखार में सांस के तकलीफ बेसी, IGIMS में एक दिन में 200 मरीज।
  8. कुतुब मीनार से ऊंच नोयडा के ट्वीन टावर काल्ह टुटी, 3700 किलो बारूद भरल गइल, लोगन के आपन घर बचावे के फिक्र।
  9. FIFA भारतीय फुटबॉल महासंघ से बैन हटवलस: अंडर-17 विमेंस वर्ल्ड कप के मेजबानी के रास्ता साफ, 11 अक्टूबर से सुरु होई टूर्नामेंट।
  10. एशिया कप के आगाज आज से: 6 टीम 15 दिन में खेली 13 गो मुकाबला, 11 सितंबर के फाइनल, बिहान भारत-पाकिस्तान के महामुकाबला।
314090cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.