Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: दु दिनन के दौरा पs आज गोरखपुर अइहें सीएम योगी: ABVP के राष्ट्रीय अधिवेशन में सामिल होइहें

0 26

गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज अतवार के दु दिनन के दौरा पs गोरखपुर अइहें। सीएम इहां चल रहल अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (ABVP) के तीन‌ दिवसीय राष्ट्रीय अधिवेशन में सामिल होइहें। संगही सीएम एह कार्यक्रम में प्राध्यापक यशवंत राव केलकर युवा पुरस्कार समारोह में दिव्यांगन के पुरस्कृत करिहें।

एह साल ई पुरस्कार श्रवण दिव्यांगजनन में कौशल विकास आ शिक्षा के माध्यम से जीवन उद्देश्य आ उत्साह उत्पन्न करे में एगो महत्वपूर्ण भूमिका निभावे खातिर महाराष्ट्र के ठाणे के दीपेश नायर के दिहल जा रहल बा।

1500 से जादे प्रतिनिधि राष्ट्रीय अधिवेशन में ले रहल बा लो हिस्सा

दरअसल, गोरखपुर विश्वविद्यालय में चल रहल तीन दिवसीय राष्ट्रीय अधिवेशन में अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के संगठनात्मक संरचना के अनुसार देसभर के 44 प्रांतन आ मित्र राष्ट्र नेपाल से 1500 से जादे प्रतिनिधि भाग ले रहल बा लो। एह राष्ट्रीय अधिवेशन में शिक्षा, समाज, पर्यावरण, संस्कृति आदि विषयन पs देसभर से आइल विद्यार्थी, प्राध्यापक आ शिक्षाविद विमर्श कs रहल बा लो।

22 नवंबर के भइल रहे कार्यक्रम के उद्घाटन

अधिवेशन के पहिला दिन 22 नवंबर के देस के प्रसिद्ध उद्योगपति आ जोहो कार्पोरेशन के CEO श्रीधर वेम्बु एह कार्यक्रम के उद्घाटन कइले रहस। श्रीधर वेम्बू स्वावलंबन, आंत्रप्रेन्योरशिप, रोजगार, नवहन के भविष्य के दिशासूत्र, आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस आदि विषयन के अपना भाषण में प्रमुखता से उठवले रहस।

दिव्यांगन के दिखवलें उच्च शिक्षा के रास्ता

अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के राष्ट्रीय महामंत्री वीरेन्द्र सोलंकी बतवलें कि विद्यार्थी परिषद के गोरखपुर राष्ट्रीय अधिवेशन मानविकी, विज्ञान, मैनेजमेंट, इंजीनियरिंग, चिकित्सा आदि विषयन में देसभर के अलग-अलग शैक्षणिक संस्थानन में अध्ययनरत विद्यार्थियन के एगो मंच पs आके देस के बारे में आपन भूमिका तय करे के माध्यम बन रहल बा।

प्राध्यापक यशवंतराव केलकर युवा पुरस्कार समाजिक जीवन में परिवर्तन ले आवे खातिर उल्लेखनीय काम करे वाला नवहन के दिहल जाला। एह साल के पुरस्कार के विजेता दीपेश नायर सइयन दिव्यांगन के उच्च शिक्षा खातिर रास्ता देखवले बाड़ें।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Leave A Reply