Amarnath Yatra : बाबा बर्फानी के भक्तन खातिर बड़ खबर: 3 जुलाई से अमरनाथ यात्रा सुरू, 28 अगस्त तक दर्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 12, 2026

सेंट्रल डेस्क। बाबा बर्फानी के श्रद्धालुन खातिर एगो खुसखबरी सामने आइल बा। अमरनाथ यात्रा 2026 के सुरुआत तीन जुलाई से होई आ ई पवित्र यात्रा कुल 57 दिन चली, जवन 28 अगस्त के पूरा हो

Share

सेंट्रल डेस्क। बाबा बर्फानी के श्रद्धालुन खातिर एगो खुसखबरी सामने आइल बा। अमरनाथ यात्रा 2026 के सुरुआत तीन जुलाई से होई आ ई पवित्र यात्रा कुल 57 दिन चली, जवन 28 अगस्त के पूरा हो जाई। एह यात्रा के घोषणा मनोज सिन्हा, श्री अमरनाथ श्राइन बोर्ड के बैठक के बाद कइलें।

ऊ बतवलें कि यात्रा खातिर रजिस्ट्रेशन 15 अप्रिल से सुरू होई आ ई अनिवार्य रही। देसभर में 556 अधिकृत बैंक शाखा के माध्यम से श्रद्धालु लोग पहिलही से पंजीकरण करा सकेला। एकरा अलावे ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के सुविधा उपलब्ध रही, जवना से लोगन के सहूलियत मिली।

यात्रा में सामिल होखे खातिर उमिर सीमा 13 से 70 साल तय कइल गइल बा। श्रद्धालु लोग दूगो रास्ता से बाबा बर्फानी के दर्शन करे जा सकेला लो। पहिला पारंपरिक 48 किलोमीटर लमहर पहलगाम रास्ता आ दूसरका 14 किलोमीटर छोट बाकिर कठिन बलताल रास्ता।

एह साल के पहिला पूजा ज्येष्ठ पूर्णिमा, माने 19 जून के होई। प्रशासन यात्रा के सुरक्षित आ सुचारु बनावे खातिर जोर-शोर से तइयारी में लागल बा, ताकि हर श्रद्धालु बिना कवनो दिक्कत के बाबा बर्फानी के दर्शन कs सकस।

हर साल लाखन भक्त एह पवित्र यात्रा में सामिल होला लोग आ भगवान शिव के आशीर्वाद लेवे खातिर कठिन पहाड़ी रास्ता तय करेला लोग। एहु साल भारी संख्या में श्रद्धालुअन के जुटे के उम्मेद बा।

Read Also: Bengal Election : सिलीगुड़ी में पीएम मोदी के हुंकार, कहलें- चार मई के बाद बनी भाजपा सरकार 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.