Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीएम हेमंत सोरेन आजु ईडी के सोझे होइहें पेश, झारखंड में सियासी सरगर्मी तेज

353

झारखंड के बहुचर्चित अवैध खनन मामिला से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामले में सीएम हेमंत सोरेन आज रांची स्थित ईडी कार्यालय में पेश होइहें। प्रवर्तन निदेशालय (ED) उनके 17 नवंबर के पेश होखले के समन भेजले रहनें। ईडी उनसे पूछताछ कs के बयान दर्ज कs सकsता।

सोरेन से ईडी के पूछताछ अउर भावी कार्रवाई के ले के रांची में सियासी हलचल तेज हो गइल बा। कयास लगावल जा रहल बा कि अगर कौनो विपरीत परिस्थिति पैदा भइल त उनकर राजनीतिक उत्तराधिकारी यानी नयका सीएम के होई?

मुख्यमंत्री सोरेन आज सुबह संभवत: करीब साढ़े ग्यारह बजे रांची में ईडी के दफ्तर पहुंचिहें। ईडी अधिकारियन के समक्ष पूछताछ खातिर पेश होखले से पहिले सीएम सोरेन अपने निवास पर मीडिया से चर्चा कs सकsता। अटकल लगावल जा रहल बा कि ऊ एहमें कौनो बड़ एलान कs सकतने।

पत्नी कल्पना सोरेन अउर पिता शिबू सोरेन के नाम चर्चा में

रांची में कल सत्तारूढ़ दल झामुमो के विधायकन के बैठक भइल रहे। एकरे बाद से सियासी अटकल के बाजार गरम बा। कहल जा रहल बा कि जदि ईडी पूछताछ के बाद सीएम के खिलाफ कौनो प्रतिबंधात्मक कार्रवाई कइलस या उनके हिरासत में लिहलस त उनकर पत्नी चाहे बाऊजी के नाम घोषित हो सकsता।

382600cookie-checkसीएम हेमंत सोरेन आजु ईडी के सोझे होइहें पेश, झारखंड में सियासी सरगर्मी तेज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.