Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छत्तीसगढ़ के किसानन खातिर खुशखबरी, सीएम भूपेश 21 मई के न्याय योजना के पहिला किस्त जारी करीहे

खाता में 1700 करोड़ आई

170

छत्तीसगढ़ के किसान खातिर एगो खुशखबरी बा। राजीव गांधी किसान न्याय योजना के तहत 21 मई के खरीफ सीजन 2021-22 के पहिला किस्त के रूप में 1700 करोड़ रुपया के इनपुट राशि के भुगतान कईल जाई। सीएम भूपेश बघेल राज्य के किसान के बैंक खाता में ए रकम के ऑनलाइन ट्रांसफर करीहे। एह दिन राजधानी रायपुर समेत राज्य के सगरी जिलन में भव्य कार्यक्रम करावल जाई. सीएम वर्चुअल मीडियम के माध्यम से भी किसान के संबोधित करीहे। खरिफ विपणन वर्ष 2021-22 में 21.77 लाख पंजीकृत किसानन से सपोर्ट प्राइस पर 98 लाख मीट्रिक टन धान खरीदल गइल बा.

बताईं कि राजीव गांधी न्याय योजना के तहत छत्तीसगढ़ सरकार पिछला दु साल में किसान के बैंक खाता में 12 हजार 209 करोड़ रुपया के भुगतान कईले बिया। अब धान के अलावा अउरी खरीफ के फसल भी एह योजना में शामिल कईल गईल बा। कृषि मंत्री रविन्द्र चौबे बतवले कि किसान न्याय योजना के तहत ए साल किसान के 4 किस्त में 5703 करोड़ के इनपुट राशि देवे के बा। पहिला किस्त के रूप में करीब 1700 करोड़ रुपया के राशि 21 मई के दिहल जाई। विभाग आपन तइयारी शुरू क दिहले बा.

जिला स्तरीय कार्यक्रम में मंत्री अउरी विधायक मेहमान रहिहें

राजीव गांधी किसान न्याय योजना के तहत 21 मई के तमाम जिला मुख्यालय में किसान के खाता में धन के हस्तांतरण खाती कार्यक्रम के आयोजन कईल जाई। जिला मुख्यालय में होखेवाला कार्यक्रम खाती राज्य सरकार के ओर से मुख्य अतिथि के तय कईल गईल बा। जिला स्तरीय कार्यक्रम के मुख्य अतिथि छत्तीसगढ़ सरकार के मंत्री, विधायक, निगम बोर्ड अवुरी आयोग के अध्यक्ष होईहे। एह कार्यक्रम में जिला के सगरी विधायक आ जनप्रतिनिधि भाग लीहें. सरकार मेहमान सूची भी जारी क देले बिया। जिला स्तरीय कार्यक्रम में खरीफ विपणन वर्ष 2021-22 के पहिला किस्त के रूप में करीब 1700 करोड़ रुपया किसान के खाता में हस्तांतरित कईल जाई। किसान के खेती खाती भारी रकम मिली

252900cookie-checkछत्तीसगढ़ के किसानन खातिर खुशखबरी, सीएम भूपेश 21 मई के न्याय योजना के पहिला किस्त जारी करीहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.