बिहार में 64.8 प्रतिशत परिवारन के लगे मवजूद बा साइकिल, खाली दु फीसदी घरन में बा कार

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2022

पटना. बिहार में 64.8% परिवारन के लगे साइकिल बा, जबकि खाली 2% घरन में चारपहिया गाड़ी बा। साइकिल के लिहाज से बिहार के स्थान देश में सातवां बा, जबकि कार के ममिला में बिहार सबसे

Share

पटना. बिहार में 64.8% परिवारन के लगे साइकिल बा, जबकि खाली 2% घरन में चारपहिया गाड़ी बा। साइकिल के लिहाज से बिहार के स्थान देश में सातवां बा, जबकि कार के ममिला में बिहार सबसे नीचे बा। एही तरे बिहार के 27.2% परिवारन के लगे स्कूटर भा मोटरसाइकिल बा।

देश में औसतन 50.4% परिवारन के लगे साइकिल

राष्ट्रीय परिवार स्वास्थ्य सर्वेक्षण (एनएफएचएस-5) के ताजा रिपोर्ट में परिवहन के साधन के लेके राज्यन के आंकड़ा जारी कइल गइल बा। एकरा मोताबिक, देश में औसतन 50.4% परिवारन के लगे साइकिल आ महज 7.5% परिवारन के लगे कार बा। पश्चिम बंगाल में 78.9% परिवारन के लगे साइकिल बा, जवन देश में सबसे बेसी बा।

गोवा में सबसे जादे 45.2% घरन में कार

एही तरे गोवा में सबसे जादा 45.2% घरन में कार बा। दुपहिया वाहन के ममिलो में गोवा देश में शीर्ष पs बा। एनएफएचएस के ई रिपोर्ट 2019- 21 के दौरान तईयार भइल बा। एकरा मोताबिक, साइकिल के ममिला में यूपी 75.6% के संगे दूसरा स्थान पs बा। बिहार में झारखंड के तुलना में कम साइकिल बा, बाकिर गुजरात आ दिल्ली के तुलना में संख्या जादे बा।

बिहार में स्टूडेंट्स के मुफ्त साइकिल

बिहार में मुख्यमंत्री साइकिल योजना के तहत नउवा कक्षा के विद्यार्थियन के सरकार कावर से साइकिल ला राशि दिहल जाला। अमूमन हर साल 15.5 लाख छात्र-छात्रा के साइकिल ला राशि ओह लो के खाता में भेजल जाला। साइकिल उपयोग करे आला लोगन के संख्या में वृद्धि एगो बड़ वजे बा।

सरकारी योजना से बढ़ल उपलब्धता

बिहार में साइकिल के उपलब्धता के एगो बड़ कारण मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के साइकिल योजना के रहल बा। एकरा तहत सब स्कूली छात्र-छात्रा के सरकार कावर से साइकिल मुहैया करावल जात बा। एह योजना के तहत अब तक करोड़ के संख्या में लोगन के घर ले साइकिल के उपलब्धता बढ़ल बा। बिहार में लईकन से बेसी लड़की साइकिल चलावत बा। अइसन एह योजना के वजे से संभव हो सकल बा।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.