[the_ad_group id="30365"]

छपरा : लोस चुनाव के लेके मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से कइलें बैठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आवे वाला लोकसभा आम निर्वाचन-2024 के अवसर पs सब मतदान केंद्रन पs सुनिश्चित न्यूनतम सुविधा मतदाता के उपलब्ध करावल जाये के बा। एकरा खातिर भारत निर्वाचन आयोग कावर से निर्धारित मापदंड के मोताबिक सब मतदान केंद्रन पs आवश्यक बेवस्था कइल जाये के बा। एकरा तहत हर मतदान केंद्र पs बिजली के उपलब्धता, पंखा के सुविधा, रेलिंग के संगे रैंप के सुविधा, पीये के पानी के बेवस्था, शौचालय के सुविधा आदि सुनिश्चित कइल जाये के बा।

एही उद्देश्य से मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी, बिहार एच०आर० श्रीनिवास सब जिला निर्वाचन पदाधिकारियन के संगे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से बैठक कइलें। एह बैठक में शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव के०के० पाठक मवजूद रहलें। अधिकांश मतदान केंद्र अलग-अलग विद्यालय भवनन में अवस्थित बा।

एह खातिर एह सब विद्यालय भवनन में एह सुविधन के लेके जवन कवनो कमी बा, एकरा के दूर करत आवश्यक सुविधन के बेवस्था सुनिश्चित करे के कहल गइल।निर्वाचन कार्य मे प्रयुक्त होखे वाला भवनन के निर्वाचन कार्य के समाप्ति के बाद तुरंत पूर्ववत इस्थिति में वापस करे के स्पष्ट निरदेस दिहल गइल।

अपर मुख्य सचिव पाठक कहलें  कि निर्वाचन कार्यन में अपरिहार्य परिस्थितियन में विद्यालय भवनन के उपयोग एह तरे कइल जाई। जवना से शैक्षणिक कार्यन में बेमतलक बेवधान ना होखे। एह अवसर पs उप निर्वाचन पदाधिकारी आ जिला शिक्षा पदाधिकारी मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]