[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: बिना लाइसेंस चल रहल बा 54 ऑटो सीज, 950 के चालान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बिना लाइसेंस के चल रहल ऑटो पs सुक के यातायात पुलिस अभियान चलवलस। एह दौरान 54 वाहन चालक अइसन मिलल लो, जेकरा लगे ड्राइविंग लाइसेंस ना रहे। सब ऑटो सीज कs के पुलिस लाइंस में खड़ा करा  दिहल गइल। एकरा अलावे नो पार्किंग में मिलल 950 वाहनन के चालान कइल गइल। सबका से जुर्माना वसूलल जाई।

जानकारी के मोताबिक, बिना लाइसेंस के ई-रिक्शा आ ऑटो चलावाल जाये के ममिला सामने अइला के बाद से यातायात पुलिस अभियान चला रहल बिया। पहिला चरण में ई-रिक्शा पs कार्रवाई कइल गइल। अब सुक के एसपी ट्रैफिक श्यामदेव विंद के अगुवाई में शहर में अभियान चलावल गइल।

पुलिस के चेकिंग में 54 चालक अइसन मिलल लो, जेकरा लगे लाइसेंस भा कागजात ना रहे। ओह सभन के ऑटो के सीज कs दिहल गइल। एसपी ट्रैफिक बतवलें कि नो पार्किंग आ दूसरका तरीकन से नियम तुड़े वाला 950 वाहनन के चालान कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]