[the_ad_group id="30365"]

छपरा के शहरी क्षेत्र में ट्रैफिक रूट में बदलाव : बड़ वाहनन के प्रवेश पs रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में मैट्रिकुलेशन परीक्षा के लेके अत्यधिक भीड़ लगला के कारण ट्रैफिक रूट में बदलाव कइल गइल बा। शहरी क्षेत्र में कुल 52 केंद्रन पs परीक्षा संपन्न होखे के बा। जवना के लेके परीक्षार्थी आ अभिभावकन के भीड़ जुटे के संभावना व्यक्त कइल जा रहल बा। संभावित भीड़ आ जाम के मद्देनजर ट्रैफिक थाना कावर से समूचा शहरी क्षेत्र में नया ट्रैफिक रूट लागू कइल गइल बा।

जवन 15 फरवरी से 23 फरवरी तक प्रभावी रही। भीड़ के कंट्रोल करे खातिर सब सड़क आ चौक चौराहा पs अतिरिक्त पुलिस बल के तैनाती कइल गइल बा। संगही वन वे और टु वे में शहर के मुख्य सड़कन के बांटल गइल बा। जवना से यातायात गतिविधि सुचारू रूप से संचालित हो सके।

शहरी क्षेत्र में लागू कइल गइल नया रूट प्लान:-

1. मांझी-रिविलगंज होके आवे वाला सब ट्रक, बस आ बड़ वाहन ब्रह्मपुर मोड़ तक आई, उहां से कोपा-बसडीला-जलालपुर होके अपना गन्तव्य के जाई। छपरा शहर में प्रवेश ना करी।

2. सिवान-एकमा के तरफ से छपरा आवे वाला ट्रक, बस आ बड़ वाहन जवना के छपरा आवे के बा ऊ बसडीला-जलालपुर होके अपना गन्तव्य के जाई।

3. उमधा चौक से श्यामचक के तरे से कवनो बस, ट्रक भा बड़ वाहन ना जाई।

4. पटना से छपरा आवे वाला सब बस, ट्रक आ भारी वाहन मेथवलिया चौक तक आई। छपरा शहर में प्रवेश ना करी।

5. नेहरू चौक से मठिया मोड़ आ नेहरू चौक से गरखा दाला पार कs के कवनो ट्रक, बस भा बड़ वाहन शहर में प्रवेश ना करी।

6. छपरा शहर से पूरब के तरफ जाये वाला वाहनन के कटहरी बाग खनुआ नाला साहेबगंज, थाना चौक से डाकबंगला रोड होत दरोगा राय चौक तक जाई।

7. पश्चिमी दिसा से आवे वाला वाहन दरोगा राय चौक के बस स्टैंड नगरपालिका चौक से सलेमपुर मौना चौक से गाँधी चौक तक निकल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]